इतिहास मे 26 नवम्बर

1703.. दक्खिनी इंगलैड में आइल तूफान से नाहियो त एक हजार लोग मरल आ डेढ़ हजार लोग लापता हो गइल. रायल नेवी के तेरह गो जहाज के नुकसान चहुँपल.
1890.. पश्चिम बंगाल के बहुभाषी शिक्षाविद प्रो. सुनीत कुमार चटर्जी के जनम.
19।6.. यूनान जर्मनी पर हमला करे के एलान कइलसि.
1925.. नीदरलैड आ जर्मनी व्यापार समझौता कइले.
1941.. लेबनान फ्रांस से आजाद भइल.
1948.. नेशनल कैडेट कोर एनसीसी के स्थापना भइल.
1955.. साइप्रस मे आपातकाल लागू भइल.
1960.. टेलीफोन पर पहिला बेर एसटीडी सेवा शुरू. कानपुर आ लखनउं का बीचे.
1975.. अमेरिका नेबादा मे परमाणु परीक्षण कइलसि.
1982.. याशुहिरो नकासोने जापान के प्रधानमंत्री बनले.
1984.. अमेरिका आ इराक का बीच राजनयिक संबंध फेरू बहाल.
1985.. रिचर्ड निक्सन अमेरिका के 37 वाँ राष्ट्रपति बनले.
2008.. मुंबई मे आतंकी हमले मे 164 लोग मरल आ अढ़ाई सौ लोग घवाहिल भइल.
2011.. अफगानिस्तान मे तैनात नाटो सैनिक पाकिस्तानी चौकी पर हमला कइले, 24 गो सैनिक मरइले आ तेरह गो घवाहिल भइले.
(वार्ता के सौजन्य से)

Loading

Scroll Up