प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव मंगल का दिने गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कॉलेज में चिकित्सकन आ बुद्धिजीवियन के संबोधित करत कहले कि अगर केन्द्र सरकार राजी हो जाव त अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान के स्तर के अस्पताल गोरखपुर मे खोले खातिर प्रदेश सरकार जमीन उपलब्ध करा दी.
अखिलेश यादव कहलन कि केन्द्र सरकार उत्तर प्रदेश मे एम्स स्तर के तीन गो अस्पताल खोले के एलान कइले रहुवे जवना में से दू जगहा काम शुरू हो गइल बा. आ गोरखपुर मे तिसरका खातिर राज्य सरकार तइयार बिया.
अखिलेश यादव बाबा राघवदास मेडिकल कालेज मे कैसर मरीजन के इलाज ला कोबाल्ट मशीन उपलब्ध करावे के घोषणा कइलन आ कालेज मे 250 केवीए के जनरेटर तुरते खरीदे के मंजूरी दे दिहलन. पूर्वी उत्तर प्रदेश मे मस्तिष्क ज्वर से होकत मौतन पर जतावत मुख्यमंत्री कहलन कि एकरा इलाज में कवनो कमी ना हो पाई आ सरकार हर स्तर पर मदद करी. कहलन कि दवाई के मद मे 15 करोड रुपिया देबे के सोचल जात बा.
साथही ऊ मेडिकल कालेज के 100 बेड वाला नया बनल इन्सेफेलाइटिस वार्ड के लोकार्पण, 500बेड वाला बाल चिकित्सा संस्थान के शिलान्यास, नया बनल एमआरआई सेन्टर के लोकार्पण आ 230 लाख रुपिया लगा के बनावल नयका ओपीडी भवनो के लोकार्पण कइलन.
(वार्ता)