पद्मश्री डा0 कृष्ण बिहारी मिश्र

जन्म: 01 जुलाई 1936, बलिया जिला के बलिहार गाँव में। श्रीमती बबुना देवी आ श्री घनश्याम मिश्र क एकलौता पुत्र ।

शिक्षा: प्राथमिक शिक्षा गाँव में, माध्यमिक गोरखपुर में आ उच्च शिक्षा काशी हिन्दू विश्वविद्यालय, वाराणसी में । ‘‘नवजागरण के सन्दर्भ में हिन्दी पत्रकारिता का अनुशीलन’’ विषय पर शोध आ डाक्टरेट के उपाधि। माखनलाल चतुर्वेदी राष्ट्रीय पत्रकारिता आ संचार विश्वविद्यालय, भोपाल से डी0लिट्0 के मानद उपाधि।

सेवा: अध्यापन वृत्ति से 30 जून 1996 के सेवानिवृत्ति।
देश के कई विश्वविद्यालययन आ सरकारी, गैरसरकारी विद्या संस्थानन में सक्रिय भूमिका अउरी राष्ट्रीय, अन्तरराष्ट्रीय बिचार गोष्ठियन में भागीदारी।

प्रकाशित पुस्तक: ‘हिन्दी पत्रकारिता : खड़ी बोली साहित्य की निर्माण भूमि’’, ‘पत्रकारिता : इतिहास और प्रश्न’, गणेश शंकर विद्यार्थी, ‘हिन्दी पत्रकारिता: राजस्थानी आयोजन की कृती भूमिका’ ललित निबन्ध अउर संस्मरण -‘बेहया के जंगल’, मकान उठ रहे है, आंगन की तलाश, ‘अराजक उल्लास’, गौरैया ससुराल गई, नेह के नाते अनेक’, ‘कल्पतरु की उत्सवलीला’ आदि

संपादन : हिन्दी साहित्यः बंगीय भूमिका, श्रेष्ठ ललित निबंध (बारह भाषाओ के प्रतिनिधि, ललित निबंधो का दो खंडो में संकलन), कलकत्ता-87, समिधा (त्रैमासिक पत्रिका)

अनुवाद : भगवान बुद्ध (यूनू के अंग्रजी पुस्तक के अनुवाद)

सम्मान / पुरस्कार : एह साल के भारत सरकार के जद्म पुरस्कार में पद्मश्री से सम्मानित ‘आचार्य विद्यानिवास मिश्र सम्मान, डा0 हेडगेवार पुरस्कार, उ0 प्र0 हिन्दी संस्थान से ‘साहित्य भूषण’ आ ‘महात्मा गाँधी पुरस्कार अलंकरण’, भारतीय ज्ञानपीठ के सर्वोच्च ‘‘मूर्ति देवी’’ पुरस्कार सम्मान।।

डा0 कृष्ण बिहारी मिश्र गाँव आ गँवई के नैसर्गिक संस्कार आ शिक्षा-अनुशासन में पलल बढ़ल, भोजपुरिहा मन-मिजाज के सृजनशील साधक हईं । सौभाग से उहाँ के आचार्य हजारी प्रसाद द्विवेदी आ आचार्य विश्वनाथ प्रसाद तिवारी, आचार्य नन्द दुलारे बाजपेयी आ आचार्य चन्द्रबली जइसन विदग्ध आचार्यन के आत्मीय सान्निध्य से साहित्यिक संस्कार आ अनुशीलन के दृष्टि मिलल। हिन्दी साहित्य के अगुवा ललित निबन्धकार का रूप में ख्यात कृष्णबिहारी जी के आपन भाव-सुभाव आ लेखकीय बल-बेंवत के वैशिष्ट्य, उहाँ के अलग पहिचान देले बा।

कृष्णबिहारी मिश्र जी के भाषा में जवन भोजपुरी शब्द संस्कार बा, ऊ उनका लेखन के भाषिक विलक्षणता बन गइल बा जवना से हिन्दी भाषा साहित्य समृद्ध भइल बा। मिश्र जी का लेखन आ भाषा पर आचार्य हजारी प्रसाद द्विवेदी, श्री अज्ञेय, आचार्य विद्यानिवास मिश्र, डा0 प्रभाकर माचवे, आचार्य विश्वनाथ प्रसाद मिश्र, डा0 धर्मबीर भारती, प्रो0 विष्णुकांत शास्त्री, प्रो0 सिद्धेश्वर प्रसाद, प्रो0 राधाबल्लभ त्रिपाठी आदि समय समय पर आपन विशेष टिप्पनी कइले बा लोग।

सम्पर्क: 7 – बी, हरिमोहन राय लेन, कोलकाता -700015


भोजपुरी दिशाबोध के पत्रिका पाती के सितम्बर 2017 अंक से साभार

Loading

Scroll Up