साथ में दीहल चित्र का बाद कोरोना महामारी के एह दुसरका छलांग का बारे में कुछ अउर कहे के जरुरत नइखे बाकिर जान लीं कि एह बीमारी से दुनिया में अबले 30 लाख से अधिका लोग के मौत हो चुकल बा आ रोजे हजारों लोगन के मौत के सिलसिला बरकरार बा. काल्हु अपना देश में कोरोना के 2 लाख 61 हजार 5 सौ नया मरीजन का मिलला का साथही देश में कोरोना छूताह सक्रिय मरीजन के गिनिती 18 लाख एक हजार 316 हो गइल बा. देश में अबले 1 लाख 77 हजार 150 मरीजन के मौत हो चुकल बा.
रोए के रहनी तबले अँखिए खोदा गइल. कांग्रेस के अध्यक्ष रहल राहुल गांधी कहले बाड़न कि अब ऊ पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव प्रचार ला कवनो रैली ना करीहें. वइसे राजनीति के जानकारन के कहना बा कि राहुल के मालूम बा कि उनुका रैली से कवनो फरक नइखे पड़े वाला. साथ ही बचल तीनो चुनावी डेग में मुस्लिम बहुल इलाका शामिल बाड़ी सँ आ कांग्रेस नइखे चाहत कि मुस्लिम वोटन के बँटवारा होखो आ ममता के नुकसान हो जाव. अब राहुल के एह फैसला से बँवारा गोल अब आपन माथ पीटत होखीहें कि कवना मुहुर्त में कांग्रेस से गठजोड़ क लिहलें.
तृणमुलो के कहना बा कि अब ममता कवनो बड़हन रैली ना करीहें आ जवन करबो करीहें तवन आधा घंटा से कमे देर ले होखी.
बिहार में कोरोना के तेजी बढ़त मामिला देखत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहला बाड़न कि दोसरा राज्यन में गइल लोग जतना जल्दी हो सके वापिस लवति आवे. काहे कि लॉकडाउन तरे के मजबूरी आ सकेले. कहलन कि फिलहाल राज्य में रात्रि कर्फ्यू, सरकारी कार्यालयन के काम करे के समय में कटौती, धार्मिक स्थलन के बंदी आ परीक्षन के टारे के फैसला लीहल जा चुकल बा.
करनी ना धरनी धियवा होंठ बिदोरनी. हर चैनल पर विज्ञापन देके वाहवाही लूटे के कोशिश करे वाला दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के गोहार कइले बाड़न कि दिल्ली में कोरोना के हालात देखत केंद्र सरकार के अस्पतालनो में 70 फीसदी बेड कोरोना मरीजन ला रिजर्व क दीहल जाव.
लोक आस्था के महापर्व चैती छठ आजु सबेरे के अरघा का साथही पूरा हो गइल. कोरोना का चलते अबकी सार्वजनिक जगहन पर छठ मनावे पर लागल रोक का चलते लोग अपना घरहीं छठ माई के पूजा कइलें. बिहार के औरंगाबाद जिला के पौराणिक स्थल देव में अबकी के चैती छठ पर लागे वाला मेलो पर रोक लागल रहल.
वाराणसी के भेलूपुर इलाका में एगो दवा दुकानदार के गोली मारके घवाहिल कर दीहल गइल. दोसर घटना चोलापुर के सहड़ी गाँव में भइल जहँवा एगो ठेकेदार के गोली मारके मुआ दीहल गइल. लाश का लगे से एगो देशी कट्टा बरामद भइल बा. बतावल जात बा कि एह हत्या का पीछे पंचायत चुनाव के रंजिश हो सकेला.
कोविड-19 महामारी के दुसरका लहर का चलते बिगड़ल हालात में आजुओ शेयर बाजार में बिकवाली के जोर बन सकेला.
पश्चिम चंपारण जिला के सिकटा इलाका में नेपाल से भारत आवत एगो कारोबारी का लगे से 65 हजार रूपिया के जाली नोट मिलला का बाद ओकरा के गिरफ्तार क लीहल गइल. पुलिस के अपना मुखबिर से पहिलहीं खबर मिल चुकल रहुवे.
सारण जिला के दरियापुर इलाका में सीतलपुर बाजार का लगे एगो ट्रैक्टर चालक ट्रक से कचरा के मर गइल. बतावल जात बा कि ओकरा ट्रैक्टर के एगो ट्रक रगड़ दिहलसि त ऊ खिसिया के डंडा ले के ओह ट्रक के चालक के मारे कूदल तबले सामने से आवत ट्रक ओकरा के कचार दिहलसि.
पोलैंड के केलसे में होखत विश्व युवा मुक्केबाजी प्रतियोगिता में भारत के पांच गो मुक्केबाज क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइल बाड़ें. महिलावर्ग में गीतिका आ पुरूष वर्ग में अंकित नरवाल, बिश्वमित्र चोंगथम, सचिन, आ विशाल गुप्ता अंतिम आठ में आ गइल बाड़ें.
आई.पी.एल. क्रिकेट में चेन्नई में भइल मैच में रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर 38 रन से कोलकाता नाइटराइडर्स के हरा दिहलसि. मुम्बई के वानखेडे स्टेडियम में भइल मैच में दिल्ली कैपिटल्स छह विकेट से पंजाब किंग्स के हरा दिहलसि.