काल्हु से नवरात शुरू

काल्हु से नवरात शुरू होखे जात बा, एह ला मिर्जापुर जिला के विध्याचंल क्षेत्र मे होखे वाला विश्व प्रसिद्ध नवरात मेला में होखे वाला श्रद्धालअन के भारी भीड़ के मद्देनजर सुरक्षा व्यवस्था के इंतजाम कड़ा कर दिहल गइल बा. गर्भगृह में नारियल फोड़ पर रोक लगा दीहल गइल बा. पंडा आ मंदिर के कर्मचारियन खातिर अलग ड्रेस कोड बनावल गइल बा जेहसे कि भितरी आ बाहरी आदमी के पहचान तेजी से हो जाव.
एह मेला में बीस लाख से अधिका श्रद्धालुअन के आवे के अनुमान बा. जिला पुलिस प्रमुख सुरेश चन्द पांडेय बतावत बाड़े कि मेला के आठ जोन आ 18 सेक्टर मे बाँट के सुरक्षा व्यवस्था कइल जात बा. भगदड से निपटे ला 28 गो बैरियर लगावल गइल बा. शरारतियन पर नजर राखे खातिर खुफिया एजेसियन के साथ देबे ला सादा लिबास में पुलिसकर्मीओ तैनात कइल गइल बाड़े.
जिलाधिकारी अनिल धींगरा बतावत बाड़े कि पीए वाला पानी के इंतजाम, सफाई, आ सडक गलियन के मरम्मत तेजी से करावल जात बा. मेला क्षेत्र में 24 घंटा बिजली आ पानी देबे खातिर निर्देश दे दीहल गइल बा. नगर मजिस्ट्रेट दया शंकर पांडेय के मेला अधिकारी बनावल गइल बा.
हालांकि क्षेत्र में टूटल सडक आ बजबजात मोरी प्रशासन के दावा के कलई उतार देत बा.
(वार्ता)

Loading

Scroll Up