बिहार के ३४ गो अउरी शहरन में नगरपालिका गठन के मंजुरी मिल गइल बा. अबहीं राज्य में १४३ गो नगरपालिका बाड़ी सँ आ एह नयका शहरन के जुड़ गइला से १७६ गो नगरपालिका हो जाई बिहार में.
जवना शहरन में नगरपालिका गठन के प्रस्ताव बा ओहमें पश्चिमी चंपारण के वाल्मीकिनगर आ सिकटा, पूर्वी चंपारण के घोड़ासहन, हरसिद्धी, आ त्रिकोलिया, अउर सिवान के बसंतपुर के नाम शामिल बा.