यूपी में पिछड़ा वर्ग का कोटा में आरक्षण के हकदार जातियन के गिनिती बढ़ावे का बारे में राज्य पिछड़ा वर्ग आयोग आपन प्रस्ताव तइयार कर लिहले बिया आ एह प्रस्ताव के जल्दिए सरकार का लगे भेजल जाई एह सूची में पहिले से पचपन गो जाति के नाम शामिल बा आ अब उन्नासी जातियन के ई सुविधा मिलत बा. आयोग इहो प्रस्ताव भेजले बावे कि क्रीमी लेयर खातिर सालाना आमदनी के सीमा पाँच लाख से बढ़ा के दस लाख रुपिया करे के प्रस्ताव बा.