बिहार भाजपा के बड़हन बरगद गिर गइल

भारतीय जनसंघ के बिहार में संस्थापक रहल स्व. कैलाशपति मिश्र के लगावल बरगद काल्हु गिर गइल. 72 बरीस का उमिर में कैंसर का बीमारी से बिहार भाजपा में बरगद जइसन हावी रहल आ नीतीश कुमार का सरकार में दू बेर उपमुख्यमंत्री रह चुकल सुशील मोदी के निधन हो गइल.

छात्र राजनीति से राजनीति के मुख्यधारा में आइल सुशील मोदी के हम अइसहीं बरगद से तुलना नइखीं कर दिहले. बरगद के खासियत कहाला कि ओकरा छाँह में घासो ना पनपे आ सुशील मोदी सचहूं बिहार भाजपा के बरगद रहलन. जब ले रहलन तब ले केहू के पनपे ना दिहलें आ बिहार भाजपा के मौजूदा हालात उनुके चलते बा. अगर रउरा नीक लागत बा त रउरा उनुका ला सम्मान जताएब आ बाउर लागत होखी त राहत के साँस लेब कि चलऽ अब बिहार भाजपा में नया नया गाछ बढ़ सकिहें.

सुशील मोदी का साथे हमरो कुछ कड़वा अनुभव रहल बा बाकिर धन्यवाद उनुके कि हम राजनीति से दूर हो गइनी. आजु जब सुशील मोदी के निधन के समाचार पढ़नी त सोचनी कि देखल जाव उनुका समय काल में रहल कुछ लोगन के राय का आइल बा.

प्रोफेसर किरण घई @KiranGhaiBJP पिछला साल भर से कवनो ट्वीट नइखी कइले.

केन्द्र में मंत्री रहल रविशंकर प्रसाद के हैन्डल @rsprasad पर सुशील मोदी का बारे में कवनो ट्वीट ना मिलल. हो सकेला कि आजु कुछ देर में उनुकरो कवनो ट्वीट आ जाव.

सुशील मोदी के सीनियर बाकिर साथी जस रहल झारखण्ड के जायंट किलर सरयु राय (मुख्यमंत्री रहले का दौरान रघुबर दास के हरा देबे वाला भाजपा के बागी) के ट्वीट बा –

केन्द्र में मंत्री अश्विनी कुमार चौबे कवनो ट्वीट कइला का जगहा एआइएन के ट्वीटे रिपोस्ट कर दिहले बाड़न जवना में उनुका के सुबकत देखल जा सकेला.

@AshwiniKChoubey

सुशील कुमार मोदी साल 1973 में पटना साइंस कॉलेज से बी.एससी. कइले रहलन. आ एही क्लास में अपना सहपाठिनि रहल केरल के ईसाई सुश्री जेसी जॉर्ज से प्रेम विवाह कइले रहलें. दू गो लायक बेटा बाड़न स आ दुनु फिलहाल त राजनीति का मैदान से फरके बाड़ें.

बड़का बेटा उत्कर्ष तथागत बंगलौर से अपनी इंजीनियरिंग पढ़ि के ओहिजे के एगो मल्टीनेशनल कंपनी में रहलन. छोटका बेटा अक्षय अमृतांशु राष्ट्रीय कानून संस्थान विश्वविद्यालय, भोपाल से लॉ स्नातक बनला का बाद फिलहाल वकालत का क्षेत्र में बाड़न.

Loading

Scroll Up