हिन्दूवन के अलगा–अलगा खाना में डालि के आपन उल्लू सीधा करे का कोशिश में बिहार में करावल गइल जातिवार सर्वेक्षण के रिपोर्ट आजु 2 अक्टूबर 2023 का दिने बिहार सरकार जारी कर दिहलसि.
एह सर्वेक्षण में कवनो बड़हन खुलासा नइखे भइल. जातियन के अनुपात मोटा–मोटी उहे निकलल जवना के अन्दाजा पहिलहूं निकालल जात रहुवे. बाकिर अगर महीन नजर से देखल जाव त कुछ अइसनो परिणाम सोझा आइल बा जवना के राजनीतिक प्रभाव बहुत गहिरे चोट कर सकेला आ ओहू में सबले गहिर चोट नीतीश कुमार के लागे वाला बा.
एह सर्वेक्षण ला बिहार में 215 गो जातियन के सूची बनावल गइल रहुवे आ गिनिती ओही सूची का मुताबिक करावल गइल. सर्वेक्षण के रिपोर्ट में मुसलमानन के आबादी सबले अधिका बतावल गइल बा. बाकिर ओकरा में अशराफ आ पसमांदा मुसलमानन के गिनिती एके साथ जोड़ के देखावल गइल बा. तबो कुल आबादी के करीब 17 प्रतिशत मुसलमान बतावल गइल बाड़न.
ईसाइयन के गिनिती पहिला नजर में नइखे लउकत. जवन कुछ जानकारी अलग अलग स्रोत प्रकाशित कइले बाड़न ओकरा में त नइखे लउकत. अब आयोग के विस्तृत रिपोर्ट में ओकर जिक्र होखे त नइखीं कह सकत.
बिहार के कुल आबादी 13 करोड़ 7 लाख 25 हजार 310 बतावल गइल बा.
एहमें सबले अधिका बाड़ें मुसलमान जिनकर आबादी 2 करोड़ 31 लाख 49 हजार 925 बतावल गइल बा. ई कुल आबादी के 17.71% बाड़ें.
दुसरका बड़ आबादी यादवन के बा 1 करोड़ 86 लाख 50 हजार 119. ई कुल आबादी के 14.27% बाड़ें.
तिसरा जगहा मिलल बा दुसाधन के 69 लाख 43 हजार के आबादी का साथ. कुल आबादी के 5.31%.
चउथका समूह रविदासन के बा 68 लाख 69 हजार 664 के गिनिती का साथ. कुल आबादी के 5.26%
पांचवा जगहा बाड़न कोइरी जिनकर कुल आबादी बा 55 लाख 06हजार113. कुल आबादी के 4.21%
छठवां जगहा पर ब्राह्मण बाड़ें 47 लाख 81 हजार 280. कुल आबादी के 3.66%
सतवां जगहा कुल आबादी के 3.45% राजपूत जिनकर कुल गिनिती 45 लाख 10 हजार 733 बतावल गइल बा.
अठवां जगहा पर कुल आबादी के 3.09% मुसहर जिनकर कुल गिनिती 40 लाख 35 हजार 787 बतावल गइल बा.
नउवां जगहा मिलल बा कुर्मियन के जे कुल आबादी के 2.88% बाड़न 37 लाख 62 हजार 969 के गिनिती का साथ.
दसवां जगहा पर बिहार के 2.87% आबादी बा भूमिहारन के 37 लाख 50 हजार 886 के आंकड़ा का साथ.
मल्लाह 2.61% बाड़ें 34 लाख 10 हजार 93 के आबादी का साथ.
बनिया 2.32% बाड़ें 30 लाख 26 हजार 912 के आबादी लेके.
नोनिया 1.91% बाड़ें 24 लाख 98 हजार 474 के गिनिती का साथ.
आबादी के महज 0.6% बाड़ें कायस्थ जिनकर गिनिती आइल बा 7 लाख 85 हजार, 771.
एह समुदायन का अलावा बाड़ें कुल आबादी के 29.87% लोग जिनकर अलग गिनिती हमरा ना लउकल कतहीं. एह चलते एह लोग के हम अन्य का खाना में डाल दिहले बानी.
बड़का वर्गीकरण के देखल जाव त अतिपिछड़ा समाज के लोग 4 करोड़ 70 लाख 80 हजार 514 बाड़ें. कुल आबादी के 36.01%. पिछड़ा वर्ग के आबादी 3 करोड़ 54 लाख 63 हजार 936 बतावल गइल बा. कुल अबादी के 27.13% बाड़ें. जनरल वर्ग के आबादी बा 2 करोड़ 2 लाख 91 हजार 679. अनुसूचित जातियन के आबादी 2 करोड़ 56 लाख 89 हजार 820 बा. कुल आबादी के 19.65%. अनुसूचित जनजातियन के आबादी आइल बा महज 21 लाख 99 हजार 361. कुल आबादी के 1.68%. अतिपिछड़ा बाड़ें 4 करोड़ 70 लाख 80 हजार 514 जवन कुल आबादी के 36.01% बा.
अब एह रिपोर्ट के राजनीतिक निहितार्थ निकालल जाव त लागत बा कि नीतीश कुमार के बनावल भरम टूट जाई कि बिहार में यादव का बाद कुर्मी के स्थान बा. जबकि गिनिती का बाद कुर्मी से अधिका आबादी बा दुसाध, रविदास, कोईरी, ब्राह्मण, राजपूत, आ मुसहर जाति के.
आ राजद के दावा पुख्ता हो जाई कि मुसलमान आ यादव मिल के सबका के पछाड़ सकेलें. बस कवनो ना कवनो कर्म–कुकर्म करिके बाकी जातियन के लड़वा के राखल जाव. आ एह दिसाईं मनोज झा आ आनन्द मोहन सिंह के नकली लड़ाई पहिलहीं से काम पर लगा दीहल गइल बा.
दोसरा तरफ भाजपा के आशा के किरण ई लउकी कि अति पिछड़ा आ जनरल कोटा के जातियन के बढ़िया से जोड़ के राखल जाव त अनुसूचित जाति आ जनजातियन के छौंक डालि के सवदगर खिचड़ी पकावल जा सकेला.
अब ढेर दिन ना लागी जब राजद के लोग नीतीश के बाँह ममोरल शुरु कर दी कि सिंहासन खाली करो तेजस्वी आने दो.
देखल जाव कि का हो रहल बा.