भगवान गदगद आ भक्त सदमा में

आजु हमरा समुझ में आ गइल कि भक्त आ भगवान में फरक का होला. आजु के लोकसभा चुनाव परिणाम देख-सुन के भक्तन के ठकुआ मार दिहलसि आ ऊ सदमा में बाड़न कि कहां त 400 का पार के दावा कइल जात रहुवे आ कहाँ बहुमतो के लाला पड़ गइल. भक्तन के अतना त भरपूरे उमेद रहुवे कि खराबो से खराब हालत में भाजपा के अकेले बहुमत मिल जाई बाकिर परिणाम अइसन आइल कि पलटू चाचा आ दाढ़ी काका के सरदी हो जाव त भाजपा के मलेरिया पकड़ लेव. स्वाभाविक रहल कि भाजपा समर्थकन आजु दिन भर सदमा में रहलन. देश के निवेशकन के लाखों करोड़ रुपिया शेयर बाजार का बिकवाली में डूब गइल. बाकिर जब साँझ बेरा नरेन्द्र मोदी भाजपा मुख्यालय पर अपना जीत खातिर आभार देबे लगलन त ठकुआइल लोग भकुआ के रहि गइल.

मोदी जी कहलन कि देश का इतिहास में आजु कई युग का बाद अइसन भइल बा जब कवनो सरकार तिसरका बेर चुनाव जीत के आइल होखे. एहसे पहिले ई 1962 में भइल रहल जब नेहरू तिसरका बेर चुनाव जीत के आइल रहलन. आ एह तरह के जीत दिआवे खातिर मोदी जी सगरी जनता ला आपन आभार दरसवलन.

जान जाईं कि 543 सांसदन वाली लोकसभा में भाजपा के 240 का लगभग सीट मिले जा रहल बा जवन बहुमत से 32 कम बा. एनडीए के सहजोगियन के सीट मिला के ई 292 ले हो जात बा जवन बहुमत खातिर पर्याप्त बा बशर्ते नायडू भा नीतीश आखिरी बेरा में पाला मत बदल लेसु. ओने इंडी गठबन्हन पूरा जोर लगवले बा कि कवनो तरह से एह दुनू के ना त कम से कम एको जना के अपना पाल में खींच ले आवे. डिप्टी पीएम के लालच देखावल जा रहल बा.

अब त जवन होखे वाला बा तवन एक दू दिन में सभका सोझा आ जाई. बाकिर अपना कालेजिया दिनन के एगो वाकया हमरा इयाद आ गइल मोदी जी के भाषण सुनि के. करीब पैंतालीस बरीस पहिले के बात ह. रात बेरा हमनी का पाँच दोस्त सिनेमा देखि के हास्टल खातिर लवटत रहीं सँ. अधरतिया में कवनो सवारी मिलल ना से पैदले जात रहनी स. तले बीच राह में तीन गो पियक्कड़न से भेंट हो गइल. बाता बाती अतना बढ़ गइल कि हमनी का मिल के ओह तीनो के कूटल शुरु कर दिहनी सँ. कुछ देर बाद जब हमनी का थाक गइनी स त छोड़ दिहनी सँ. अब ऊ पियक्कड़ खड़ा होके हमनी के मजाक उड़ावे लगलन सँ कि बस अतने ! आ देह झारि के चल दिहलन स.

मोदी जी के भाषण सुन के ऊ इयाद ताजा हो गइल. ऊ भसनवा रउरो सभे सुनिये लीं –

Loading

Scroll Up