भोजपुरी के मान्यता ला 22वां विशाल धरना प्रदर्शन 4 अगस्त के दिल्ली में


भोजपुरी भाषा के संवैधानिक मान्यता दिआवे के मांग ले के अगिला 4 अगस्त का दिने दिल्ली के जंतर मंतर पर कइल जाई. एह बारे में जानकारी देत “भोजपुरी जन जागरण अभियान” के राष्ट्रीय संयोजक राजेश भोजपुरिया कहलन कि जब ले भोजपुरी के मान्यता मिल नइखे जात तबले सरकार से हमनी के माँग आ एह बाबत आंदोलन जारी रही.

बतवलन कि संसद के मानसून सत्र का दौरान “भोजपुरी जन जागरण अभियान” के राष्ट्रव्यापी आन्दोलन का तहत 4 अगस्त,2024 अतवार का दिने दिल्ली के जन्तर मंतर पर भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करावे के मांग ले के अभियान के राष्ट्रीय अध्यक्ष डा संतोष पटेल का अगुआई में एगो विशाल धरना प्रदर्शन कइल जाई.

जान जाईं कि दुनिया के 16 देशन के 30 करोड़ लोगन के व्यवहार में शामिल भाषा भोजपुरी के अबहीं ले संविधान के अठवीं अनुसूची मे शामिल नइखे कइल गइल. हर बेर आश्वासन दे दीहल जाला कि अगिला सत्र में ई काम हो जाई आ सत्र पर सत्र आवत जात रहेला. आ जन जागरण अभियानो एकरा ला हर संसद सत्र का समय आपन धरना प्रदर्शन करत रहे के क्रम जारी रखले बावे. अबकी के धरना 22वीं बेर होखे जा रहल बा आ देश भर के, खास कर के दिल्ली में रहेवाला, भोजपुरियन से आशा कइल जात बा कि सभे बड़हन संख्या में एह धरना में शामिल हो के सरकार पर दवाव बनावे के काम करे.

 

भोजपुरी जन जागरण अभियान के एह बाईसवां धरना के तइयारी में मनोज कुमार सिंह, राणा अवधूत,धर्मेंद्र चौहान, शंकर कुमार सिंह, पुष्कर कुमार, देवेंद्र कुमार, सी के भट्ट, मुखदेव बैठा, अमित कनौजिया, कवयित्री शालिनी, ऋषिका पुष्कर, विजया लक्ष्मी उपाध्याय का साथही राष्ट्रीय कार्यकारिणी के सगरी प्रतिनिधि आ सदस्य जोर शोर से लागल बाड़ें.

Loading

Scroll Up