नीतीश के एगो मंत्री फेर बदमिजाज बयान दिहले

सारण जिला से विधायक आ सरकार में मंत्री गौतम सिंह अपना सहकर्मियन भीम सिंह आ नरेन्द्र सिंह के राहे कदम कह दिहलन कि उ शहीद के अंतिम संस्कार में ना गइलन त कवन फरक पड़ गइल. कहलन कि चूंकि शहीद के लाश घरे ना चहूंपल रहुवे एहसे उ ओह शहीद के परिवार से भेंट करे ना गइलन आ बाद में उनुका दिल्ली जाए के पड़ गइल. कहलन कि अंतिम संस्कार में ना गइनी त का हो गइल.

ओने बाकी दुनु मंत्रियन के जदयू का तरफ से कारण बताओ नोटिस जारी भइल बा कि काहे ना ओह लोग के बयान खातिर ओह लोग पर कार्रवाई होखे.

Loading

Scroll Up