पिछला दिने जम्मू काश्मीर के पूंछ इलाका में पाकिस्तानी सेना के कायराना हमला में मरल बिहार के चार गो सैनिकन के बिहार सरकार दस दस लाख रुपिया के सहायता के एलान कइले रहुवे. भोजपुर के हरनही गाँव के शहीद शंभूशरण राय के घरे जा के खाद्य आपूर्ति मंत्री श्याम रजक उनका पत्नी के दस लाख रुपिया के चेक सउँपले जवन शहीद के पत्नी सपना देवी के नामे रहल.
बाकिर शहीद के अंतिम संस्कार का समय सरकार का तरफ से केहू ना रहुवे. अंतिम संस्कार हालांकि राजकीय सम्मान का साथे भउवे.
एह बीच सैनिकन के शहादत पर बिहार सरकार के मंत्री भीम सिंह के बदमिजाज बयान पर सगरो थूथू होखत बा आ जदयू के लोग माफी माँग मांग के परेशान बा. खुद नीतीशो कुमार के एह बयान खातिर माफी मांगे के पड़ल बाकिर राजनीतिक मजबूरी का चलते मंत्री के बरखास्त करे के हिम्मत नइखे नीतीश में.
ओने छपरा में शहीद प्रेमनाथ सिंह के अंतिम संस्कार रिविलगंज के सेमरिया घाट पर जबकि एकमा थाना के नौतन गाँव के शहीद रघुनंदन प्रसाद के अंतिम संस्कार मांझी के डुमाईगढ़ घाट पर कइल गइल. शहीद प्रेमनांथ सिंह के उनकर चार साल के बेटा आग दिहलसि आ एह संस्कार का समय दुनु जगहा सरकार के कवनो प्रतिनिधि मौजूद ना रहुवे.
बिहार सरकार के एह रवैया के सगरे आलोचना होखत बा. सरकार कें मंत्री बाद में बहाना बना गइले कि सड़क जाम होखला का चलते ओह लोग के आवे में देर भइल. एह देरी से चहूँपला पर गाँव के लोग ओह लोग के खेद देहुवे.