काल्हु बुध का दिने सारण जिला के दिघवारा इलाका के मलखाचक गाँव के एगो दलित नवही के पीट पीट के हत्या क दीहल गइल. बतावल जात बा कि ई बरबन्ना मझौंवा गांव का लगे नदी किनारे दियारा में चलत गैरकानूनी शराब भट्ठी पर ओकर झगड़ा दोसरा शराबी से हो गइल जवना का बाद ओकरा के पीट पीट के बहुते घवाहिल क दीहल गइल आ ओकरा के गाँव के दलित बस्ती का नियरा झाड़ी में फेंक दीहल गइल. आजु बियफे का दिने ओकरा के अधमरू हाल में देखला का बाद अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ से ओकरा के पटना अस्पताल रेफर क दीहल गइल. बाकिर पटना जाए का राहे में ओकर मौत हो गइल. एह मामिला में मलखाचक आ मझौंवा गाँव के एक एक आदमी पर नामजद मुकदमा लिखावल गइल. इहो दुनू दलिते हउवें.