पूरबी गीतन के जनक छपरा जिला के मिसिरवलिया गाँव में 16 मार्च 1888 के जनमल महेन्दर मिसिर के कहल जाव कि ना एकरा पर विवाद हो सकेला बाकिर महेन्दर मिसिर के रचल गीतन आ उनुका गायकी से पूरबी गीतन के एगो पहचान मिल गइल एह पर कवनो विवाद ना हो सके.
शायदे कवनो भोजपुरिया मनई होखी जे महेन्दर मिसिर के रचल गीत – अंगूरी में डसले बिया नगिनिया रे – के ना सुनले होखी. एह गीत के गा के पता ना कतना गायक गायिका आपन नाम कमा लिहलें आ करीब डेढ़ सौ बरीस बितला का बादो एह गीत के असर ओतने लहरदार बा जतना शुरु में रहल.
हमेशा का तरह आजुओ जब रउरा सभ से साझा करे खातिर यूट्यूब पर भोजपुरी के नया गीत खोजे चलनी त काल्हुए के डालल एह वीडियो पर नजर पड़ गइल. टी सीरीज हमार भोजपुरी के यू ट्यूब चैनल पर एकरा के एके दिन में करीब दस लाख बार देखल जा चुकल बा.
आम्रपाली दूबे आ प्रिया मल्लिक पर फिलिमावल एह डांस वीडियो के संगीत एलके लक्ष्मीकान्त दिहले बाड़न. महेन्दर मिसिर के लिखिल एह गीत में उपर से कुछ लाइन पंकज नारायन के लिखल बावे. आ एही चलते हमार कहना बा कि नगिनिया का साथे एगो नया प्रयोग भइल बा एह वीडियो में. रउरो सभे देखीं आनन्द आवहीं के बा.
डांस वीडियो के निर्देशन अपूर्व बजाज कइले बाड़न आ नृत्य निर्देशन कइले बाड़न आकाश जायसवाल आ रिक्की जायसवाल. आ एकर फिल्मांकन यूपी के आजमगढ़ जिला के मोहब्बतपुर गाँव में कइल गइल. एह डांस वीडियो का बारे में सगरी क्रेडिट रउरा यूट्यूब पर मिल जाई. खास बात इहो बा कि पूरा गवनई के लिखियो दीहल बा वीडियो के जानकारी में. बाकिर रोमन लिपि में लिखइला का चलते भोजपुरी के सवाद ना मिल पाई.
अगर रउरा चाहत बानी कि भोजपुरी में दुनिया के पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम bhojpuri.website एही तरह रउरा सभ से मनगर गीतन के रउरा से साझा करत रहो त रउरो एह पोस्ट के अपना सोशल मीडिया पर साझा क दीहल करीं. आ सोना में सोहागा लगावे के मन होखे त कुछ आर्थिको सहजोग कर सकीलें. सगरी भामाशाहन के सूची में तब राउरो नाम शामिल हो जाई. आ अगर पहिलके पन्ना पर आपन नाम फोटो देखल चाहत बानी त सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन में शामिल करे जोग सहजोग करीं.
सोचे के त इहो सोचनी कि पूरा गीत एहिजे एम्बेड कर दीं बाकिर फेसबुक के नाराजगी का डरे नइखीं करत.