बलिया न्यूज ८ फरवरी २०१४

पुलिस महानिदेशक बनला का बाद पहिला बेर अपना गाँवे, बलिया के अवाँया गाँव, आइल रिजवान अहमद बतवलन कि सरकार जल्दिए चालीस हजार सिपाहियन के बहाली करी. रिजवान अहमद के उनका गाँवे प गार्ड आफ आनर दिहल गइल.

मऊ जिला के हलधरपुर थाना के सहुआरी गाँव के सैकड़ो साल पुरान शिवमन्दिर प लागल सोना के त्रिशूल के शुक का रात कुछ चोर उखाड़ ले गइले. त्रिशूल सार फीट लमहर आ पाँच किलो के वजन के रहुवे.

मिरजापुर के चुनार इलाका में अदलपुरा के शीतलाधाम घाट प शनिचर का सबेरे एगो नाव पलट के गंगा में डूब गइल. एह हादसा में नाव प सवार पाँच जने के पता नइखे. एहमें चार गो औरत रहीं सँ. बतावल जात बा कि ढेलहनियाँ गाँव के बाइस गो मजदूर नाव पर सवार रहे.

भदोही का औराई में शनिचर का दिने एगो सड़क हादसा में बस से कचरा के दू आदमी के मौत हो गइल. हादसा का बाद बस ड्राइवर बस के पियरोपुर रोड प खड़ा क के भाग निकलल.

गाजीपुर जिला के सादात में सरैया गाँव के एगो गड़ही में शनिचर का भोर में एगो राजगीर के लाश मिलल बा. मरे वाला भोला राजगीर के भाई तीन जने का खिलाफ नामजद रिपोर्ट लिखवले बाड़न.

मऊ के डीएम आ बनारस के कमिश्नर के बदल दिहलसि यूपी सरकार. एह लोग के मिला के कुल पचीस गो आईएएस अफसरन के तबादला भइल बा.

प्रदेश लोक सेवा आयोग में तीन तरफा आरक्षण लागू करावे खातिर पदयात्रा निकालत चालीस जने के इलाहाबाद पुलिस शनिचर का दुपहरिया में गिरफ्तार क लिहलसि.

Loading

Scroll Up