जयपुर 01 दिसम्बर (वार्ता) राजस्थान मे चौदहवां विधानसभा के चुनाव खातिर 200 सीट मे से 199 गो सीट खातिर कडेर आ चउकस सुरक्षा व्यवस्था का बीच आजु वोट डलात बा.
अलवर जिला के एगि बूथ प अर्धसैनिक बल के हवाई फायर आ कुछ बूथ पर ईवीएम मे आइल खराबी के खबर का बीच दुपहरिया 12 बजे ले औसतन 20 फीसदी मतदान के खबर बा.
मुख्य निर्वाचन अधिकारी अशोक जैन बतवले कि व्यवधान के शिकायत मिलते कार्रवाई कइल जा रहल बा. बतवले कि कांग्रेस से शिकायत मिलल बा कि सवाईमाधोपुर मे नेशनल पीपूल्स पार्टी के लोग आ भरतपुर जिला के नगर विधानसभा क्षेत्र मे भाजपा के लोग बूथ पर काबिज हो गइल बा.
अलवर संवाददाता के कहना बा कि रैनी थाना के जामडोली गांव मे बूथ प कब्जा करे में लागल लोग के भगावे ला अर्धसैनिक बल हवाई फायर कइले. केहू के गोली लागे के खबर नइखे. रैनी मे अबहियों तनाव बनल बा.
मतदान शुरु होखे का बेरा कई जगहा बिजली कट गइला से वोट डाले में रुकावट आइल.