भोजपुरी तिमाही ई पत्रिका “सिरिजन” के 24 वाँ (अप्रैल – जून 2024) अंक

भोजपुरी लिखनिहारन के एगो बड़हन मंच बन गइल भोजपुरी तिमाही ई पत्रिका “सिरिजन” के 24 वाँ (अप्रैल – जून 2024) अंक सिरिजन का वेबसाइट पर आ गइल बा. दोसरा पत्रिकन के पीडीएफ अमूमन टेक्स्ट में रहेला जवना के साझा कइल आसान होला बाकिर सिरिजन के पीडीएफ ओकरा फोटो सा बनल रहेला. एह चलते चहला आ पत्रिका प्रकाशक के अनुमति का बावजूद हम ओकरा के टेक्स्ट में बदल नइखीं पावत.

भोजपुरी लिखनिहारन आ प्रकाशकन खातिर ई एगो समस्या होला कि तकनीक से परिचित ना होखला का चलते ऊ विवश हो जालें आ अपना लेखन भा प्रकाशन के अधिका लोग ले चहुँपा ना पावसु.

हम सिरिजन के 24 वां अंक नीचे दे रहल बानी. बहुते नीमन-नीमन रचना बाड़ी सँ. पढ़ीं आ आनन्द लीं सभे –

sirijan-24-Apr-Jun24
 

Loading

Scroll Up