अफजाल गुरु के फाइल दबावे खातिर गृहमंत्री कहले रहले दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित एगो टीवी चैनल पर बात करे का दौरान कहली कि अफजाल गुरु के फाँसी वाला फाइल दबावे के तबके गृहमंत्री शिवराज पाटिल कहले रहलें. संकेत रहे कि केन्द्र के कतनो मेमो जाव कुछ जवाब नइखे देबेपूरा पढ़ीं…

Advertisements

हेडली से पुछताछ करे के अनुमति दिहलस अमेरिका डेविड कोलमैन हेडली से मुंबई पर भइल आतंकी हमला का बारे में पुछताछ करे के अनुमति भारतीय अधिकारियन के मिल गइल बा. हेडली अमेरिका में गिरफ्तार बा आ सकार लिहलेबा कि मुंबई हमला में ओकर हाथ रहुवे. अमेरिका के नेशनल सिक्युरिटी एडवाइजरपूरा पढ़ीं…

भारत के उभरत विश्व शक्ति बतवले ओबामा भारत के विदेश मंत्री एसएम कृष्णा के स्वागत भोज के संबोधित करत अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा कहलें कि भारत एगो उभरत विश्वशक्ति हवे. कहलन कि अमेरिका के भावी योजना में भारत के अनदेखी नइखे कइल जा सकत. कहलन कि भारत आ अमेरिकापूरा पढ़ीं…

बंगाल के शेरनी बंगाल पर काबिज होखे का राह पर पश्चिम बंगाल के नगरपालिका चुनावन में ममता बनर्जी के तृणमूल बहुते बरियार हो के सामने आइल बा. कहल जा रहल बा कि वामफ्रंट के सरकार के दिन अब गिनल चुनल रह गइल बा. ममता के जीत का साथे साथ कांग्रेसपूरा पढ़ीं…

झारखण्ड में राष्ट्रपति शासन लागू शिबू सोरेन का आन्दोलन से जनमल झारखण्ड के सबसे बड़ समस्या खुद शिबू सोरेन बन गइल बाड़े. उनका बिना कवनो सरकार बनावल चलावल संभव नइखे आ उनका साथ आवे के केहू तइयार नइखे. मजबूरन केन्द्र सरकार ओहिजा राष्ट्रपति शासन लगा दिहलसि. विधानसभा के भंग नइखेपूरा पढ़ीं…

कवनो राह बाचल ना देख शिबू इस्तीफा दिहलें आखिरी क्षण तक उम्मीद लगा के बइठल शिबू सोरेन का तरफ से काल्हु दिन में अपील जारी भइल कि विधायक लोग पार्टी से उपर उठ के राज्य का हित में शिबू सरकार का पक्ष में मतदान करस. बाकिर जब कवनो सुगबुगाहट नापूरा पढ़ीं…

ज्ञानेश्वरी एक्सप्रेस दुर्घटना में मरे वालन के संख्या १४५ भइल ज्ञानेश्वरी एक्सप्रेस दुर्घटना में मरे वालन के संख्या सरकारी तौर पर १४५ तक चहुँप गइल बाकिर अममता वाली रेल मंत्री एह मसला पर राजनीति करे में लागल बाड़ी. रेल दुर्घटना उनका मुताबिक कवनो माओवादी हमला से ना भइल आ कारणपूरा पढ़ीं…

नक्सलियन का मार से सरकार के बोली गड़बड़ाइल माओवादी षडयंत्र आ मानवता विरोधी हरकत से ज्ञानेश्वरी एक्सप्रेस के दुर्घटना ग्रस्त होखला का बाद केन्द्र सरकार के बोली गड़बड़ा गइल बा. ममता कुछ अउर बोलत बाड़ी, चिदम्बरम कुछ अउर, आ प्रणव बाबू बीच बचाव करत कुछ अउर. जवना सरकार के मंत्रीपूरा पढ़ीं…

यूपी बोर्ड के इन्टर रिजल्ट निकलल काल्हु यूपी बोर्ड के इन्टर के रिजल्ट निकलल जवना में वाराणसि जोन के बयासी फीसदी परीक्षार्थी उत्तीर्ण हो गइलें. बाकिर नकल खातिर बदनाम बलिया जिला के परिणाम ओतना बढ़िया ना रहल. पिछला साल पास परसेंटेज में बलिया के ३६ वाँ स्थान रहुवे जवन अबकीपूरा पढ़ीं…

माया के माया तीन साल में ३५ करोड़ बढ़ गइल बड़का बड़का उद्योग एह रफ्तार से ना बढ़ सकस जवना रफ्तार से मायावती के संपत्ति बढ़ रहल बा. खुद मायावतीए का अनुसार तीन साल का भीतर उनकर संपत्ति ५२ करोड़ से बढ़ के ८७ करोड़ के हो गइल बा. ईपूरा पढ़ीं…

भारतीय मूल के कमला परसाद बिसेसर (Kamla Persad Bissessar) त्रिनिडाड टोबैगो के नयका आम चुनाव में चालीस साल से सत्ता में रहल पार्टी के हरा के देश के नयका प्रधानमंत्री बन गइली. उनकर नेतृत्व वाली पार्टी यूनाइटेड नेशनल कांग्रेस पाँच पार्टियन के गठबन्हन पीपुल्स पार्टिसिपेशन कोलिशन, बनवले रहे जवन ४१पूरा पढ़ीं…