Welcome to Anjoria

the first Bhojpuri Website!

रामलीला राते भइल रहुवे

9 Nov. 2007

जनता पार्टी के राज में भोला बाबू के कुछ दिन जेल में बितावे पड़ल रहे. ओह घरी के एगो किस्सा ऊ बड़ा चाव से सुनावे लन.

एगो कैदी जेलर का लगे गइल आ कहलसि कि हुजूर रात रामलीला भइल रहुवे.

जेलर पूछलन - त? मुँहे फेफरी काहे परल बा तोरा?

ऊ कैदी सकपकात कहलसि ‍- हुजूर, हनुमान जी राते के गइल अबहीं ले नइखन लउटल!


बहुते चिरकुट हऽ

7 Nov. 2007

एक हालि भोला बाबू अपना मेहरारू का संगे एगो होटल गइलन. रेस्तरां में बइठा के बाथरूम गइलन तले एगो औरत आके उनुका मेहरारू के समझा दिहलसि.

पइसा पहिलहीं ले लिहे, ना त ई आदमी बाद में बड़ा लफड़ा करेला. बहुते चिरकुट हऽ.

ओकरा बाद का भइल से हमरा से जन पूछीं.