बक्सर के प्रोफेसर लिखलन बराक पर किताब

Dr.Ravi Kant Dubey

बक्सर के महर्षि विश्वमित्रहाविद्यालय में राजनीति शास्त्र के प्राध्यापक रविकान्त दूबे ऊ काम कर दिहलें जवना के बहुते लोग सपना देखेला. अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा पर ऊ एगो पूरा किताबे लिख दिहलन द हीरो आफ द चेंजिंग वर्ल्ड बराक ओबामा.

दिल्ली के प्रतिष्ठित प्रकाशक आर॰के॰पब्लिशर्स एण्ड डिस्ट्रीब्यूटर्स किहाँ से प्रकाशित एह पुस्तक के एगो प्रति अमेरिका के व्हाइट हाउस भेज के राष्ट्रपति से मुलाकात करे के समय मँगले बाड़न.

डा॰ रविकान्त दूबे एकरा पहिलहूं कई गो किताब लिख चुकल बाड़न. जइसे कि इण्डो श्रीलंकन रिलेशन्स, सिविल लिबर्टी अण्डर इण्डियन कन्स्टीच्यूशन, आ हिन्दी में माडर्न पब्लिक एडमिनिस्ट्रिमेशन, वैश्विक आर्थिक मन्दी, आ भारतीय विदेश नीति के नये आयाम. ई सगरी किताब प्रतिष्ठित प्रकाशन से प्रकाशित भइल बाड़ी सन. उनकर लिखल एगो किताब के विमोचन भारत के तब के राष्ट्रपति डा॰शंकर दयाल शर्मा कइले रहन आ एगो के बिहार के तब के राज्यपाल डा॰आर॰के॰किदवई कइले रहले.

Book Cover on Barak Obama by Dr.Ravi Kant Dubey

डा॰ रविकान्त दूबे के कई गो संस्था से सम्मानित कइल जा चुकल बा. पुछला पर कि बराके ओबामा पर किताब काहे, डा॰ दूबे कहलन कि भारत के लोग राजनीति से बहुते लगाव राखेला. आ बराक ओबामा के चुनाव का हर चरण पर ओह लोग के नजर रहुवे. अमेरिका में जवन भी होला ओकर असर देर सबेर पूरा दुनिया पर पड़ के रहेला.

इहो कहलन कि बराक ओबामा से मिलला का बा कुछ अउरी जानकारी इकट्ठा करीहन जवना के उपयोग किताब के दूसरका संस्करण खातिर होखी. डा॰ रविकान्त दूबे के लिखल किताब पर पूरा दुनिया से प्रतिक्रिया मिल रहल बा जवना में से बहुते के उनकरा वेबसाइट पर देख सकेला.

सम्पर्क सूत्र :
Dr. R. K. Dubey,
Reader & Head ; P.G. Deptt. of Political Science,
M.V. College Buxar (VKSU) Bihar,India
pin- 802101-- Mob- 094310 87041
E Mail - rkdbxr@gmail.com
Please visit- डा॰ रविकान्त दूबे के होमपेज

(Added on 29 Aug 2009)