राम झूठ, बाबर साँच
जनम से लेके आजु तक ले सुनत आईल रहुवीं कि अयोध्या के राजा राम वनवास का दौरान राक्षसन से युद्ध का चलते रावण से लड़ाई लड़लन. समुद्र में भारत का किनार से दूर बसल माया नगरी श्री लंका तक चहुँपे खातिर ऊ वनवासियन का सहयोग से बलुआ स्पाञ्जी पत्थर के पुल बनवलन आ ओही पर से पैदल चल के उनुकर वनवासी सेना श्रीलंका तक चहुँपल आ रावण के नाश भईल.
गंगा एक्सप्रेसवे : दिल्ली से बलिया ले.
बुध का दिन लखनऊ में मुख्यमंत्री मायावती घोषणा कइली कि नोएडा से शुरु होके बलिया तक करीब १००० किलोमीटर लमहर आठ लेन वाली सड़क बनावे खातिर यूपी कैबिनेट के मंजूरी मिल गईल बा. ऐह महत्वाकांक्षी परियोजना से पूर्वाञ्चल के पिछड़ापन दूर करे खातिर एगो बड़हन आधार मिल जाई.
असैनिक परमाणु समझौता
आजु काल्ह भारत आ अमेरिका का बीच भईल असैनिक परमाणु समझौता पर बड़ा बवाल खड़ा हो गईल बा. आईं जानल जाव कि ऐह समझौता में बा का आ काहे एकर विरोध हो रहल बा.