सावधान ! ई शेयर बाजार हऽ.

14th Aug 2007

तहरा के लूटे खातिर एक से एक चालबाज भरल बाड़न शेयर कारोबार में. तनकी भर बेपरवाह भईलऽ कि गईलऽ बूँट लादे!

हमेशा वईसनका जगहा सौदा करऽ जवन सेबी से आ एक्सचेन्जन से मान्यता प्राप्त होखे.

अपना दलाल के साफ निर्दश दऽ कि का कीने के बा, का बेचे के बा. कवना दाम पर कीने के बा, कवना पर बेचे के बा.

हमेशा सौदा के लिखित दस्तावेज मांगल करऽ. एहमें कवनो रियायत भा हिचकिचाहट ना होखे के चाहीं, एजेण्ट कतनो करीबी होखे तऽ का !

लेनदेन हमेशा बैक चेक से करे के आदत बना लऽ.

कउवा कान ले गईल सुनि के कउवा का पाछा मत दौड़ीहऽ पहिले आपन कान देखीहऽ. बाजार में अफवाह का आधार पर कवनो कम्पनी में सौदा जनि करीह. हमेश पहिले कम्पनी का बारे में पता लगईहऽ. ओकर मैनेजमेण्ट कईसन बा, केकरा हाथ में बा, कवना कारोबार में बा, पिछलका सालन के हिसाब किताब कईसन रहल, टाईम पर आईल कि ना, वगैरह वगैरह.

हर आदमी के जोखिम के कूवत अलगा होखेला. जवन हमरा खातिर ठीक बा, जरूरी नईखे कि तहरो खातिर ठीक होखे. एहसे अपना परिस्थिति का अनुसार जोखिम लेबे के आदत डालऽ.

जवना शेयर के दाम अचके में बहुते बढ़त भा घटत होखे ओकरा से भरसक अलगा रहऽ. ऊ सट्टेबाजन खातिर हऽ.

सस्ता खरीद के महँगा बेचऽ कहल जेतना आसान बा वास्तव में कईल ओतना आसान ना होखे. एहसे घाटा उठावे के सीमा बना लऽ. मुनाफा मत काटऽ, घाटा एगो सीमा पर चहुँपे तऽ जरुरे काट लऽ.

अगर आजु कवनो सौदा सट्टाबाजी खातिर खरीदलऽ भा बेचल आ बाद में चाल उल्टा पड़ि गईल तऽ मान लऽ कि तू गलती पर बाड़. आजुवे सौदा काट लऽ ना त काल्हु आऊरी घाटा होखे के उम्मेद अधिका रही.

शेयर बाजार में फायदा के कवनो गारण्टी ना होखे. अगर केहू देत होखे तऽ ओकरा लगे से जतना दूर भाग सकऽ भागि जा.

जवना बिजनेस का बारे में जानकारी ना होखे ओह बिजनेस वाला कम्पनियन के शेयर खरीदल बेवकूफीये कहाई.

अखबारन भा सलाहकारन का कहला पर कवनो सौदा तबले मत करऽ जबले तहार आपन मन गवाही ना देव. कुश सलाहकार अतना तेज होखेले कि एके शेयर के कुछ लोग के बेंचे के कह दिहन आ कुछ लोगन के खरीदे के. कुछ ना कुछ लोग त फायदा उठइबे करिहन.

अगर कवनो घड़बड़ झाला बूझाव तऽ बेहिचक फोन घुमाव आ 1800 22 6663 पर फोन करके सब बात हिन्दी भा अंग्रेजी में रिकार्ड करा दऽ. तहार नाम गुप्त राखल जाई.