बजट संसद में पेश

Pranav arrives at parliament to present Budget 2010-11वित्तमंत्री प्रणव मुखर्जी आजु संसद में अगिला लेखा साल के बजट पेश कइलें. बजट के कुछ प्रस्ताव का विरोध में पूरा विपक्ष सदन से वाकआउट कर गइल. कहलस कि बजट जनविरोधी बा. विपक्ष के नेता सुषमा स्वराज का संगे एनडीए संयोजक शरद यादव, सपा नेता मुलायम सिंह यादव, वाम नेता गुरुदास दासगुप्ता, राजद नेता लालू प्रसाद यादव एकसाथे प्रेस से बतियावल लोग. विपक्ष सबसे बेसी एह पर नाराज बा कि पेट्रोल डीजल पर उत्पाद कर एक रुपया प्रति लीटर काहे बढ़ावल गइल. एहसे महँगाई अउरी जोर मारी आ आम आदमी के जियल मुश्किल बन जाई. कहल लोग कि पूरा विपक्ष एक साथे बा आ जब ले एह प्रस्ताव के वापिस ना लिहल जाई तबले संसद चले ना दिहल जाई. कहल लोग किजब पूरा देश महँगाई से त्रस्त बा त सरकार पेट्रोल डीजल, सीमेंट, आ खाद के दाम बढ़ा दिहलस. एह लोग के बसबंगाल से मतलब बा देश से ना. प्रणव मुखर्जी के आम बजट आ ममता के रेल बजट इहे देखावत बा.

ओने प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह एह बजट के प्रशंसा कइले बाड़न. कहलें कि बजट प्रस्ताव से सरकार के राजस्व में बस बीस हजार करोड़ के इजाफा होखी आ देश के विशाल अर्थव्यवस्था एह बढ़ोतरी के आराम से पचा ली. पेट्रोल डीजल पर उत्पाद कर बढ़ावे के समर्थन करत मनमोहन सिंह कहलें कि एहसे महँगाई नइखे बढ़े वाला.

बजट के कुछ खास बात :

  • आयकर में कम आमदनी वाला लोग के कवनो रियायत ना. अधिका आमदनी वाला के बहुते छूट
  • एक लाख साठ हजार रुपिया सालाना तक के आय पर पहिलही जइसन कवनो कर ना लागी. ओकरा बाद पाँच लाख तक के आय पर दस फीसदी, पहिले तीने लाख तक दस फीसदी रहुवे, आठ लाख तक के आय पर बीस फीसदी, पहिले पाँचे लाख तक बीस फीसदी रहुवे, आ आठ लाख सालाना से बेसी का आमदनी पर तीस फीसदी आयकर देबे के पड़ी. पहिले पांचे लाख से बेसी पर अतना देबे के पड़त रहे.
  • आज रात से पेट्रोल डीजल महँग हो जाई
  • सिगरेट सिगार तम्बाकू के दाम बढ़ावल गइल.
  • व्यक्तिगत आयकर फार्म अउरी सरल बनावल जाई.
  • असंगठित क्षेत्रके मजदूरन खातिर नेशनल सोशल सिक्युरिटी फंड खातिर एक हजार करोड़ रुपिया. नेशनल पेंशन स्कीम में खाता खोले वाला हर मजदूर के खाता में सरकार एक हजार रुपिया अपना तरफ से दी.
  • औरतन आ बचवन खातिर चलावल जा रहल योजना में पहिले से डेढ़ा आंवटन
  • सामाजिक न्याय खातिर साढ़े चार हजार करोड़ रुपिया के आवंटन
  • अल्पसंख्य क समुदाय खातिर दू हजार छह सौ करोड़ रुपिया
  • नागरिकता पहचान पत्र योजना खातिर उनइस सौ करोड़
  • रक्षा बजट एक लाख सैंतालिस हजार करोड़ के
  • पारामिलिट्री में दू हजार नया बहाली
  • प्राथमिक शिक्षा खातिर एकतीस हजार तीन सौ करोड़
  • दू हजार से बेसी आबादी वाला हर इलाका के बैंकिंग सुविधा
  • ग्रामीण विकास खातिर छियासठ हजार करोड़, नरेगा में चालीस हजार करोड़, आ भारत निर्माण खातिर अड़तालीस हजार करोड़
  • स्लम में रहेवालन खातिर राजीव आवास योजना

(Added on 26th Feb. 2010)