तोहार नईखे कवनो जोड़, तू बेजोड़ बाड़ू हो
श्री राधेश्याम क्रियेशन का बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम तोहार नईखे कवनो जोड़, तू बेजोड़ बाड़ू हो के संगीतमय शुरूआत पिछला दिनानि एबी साऊण्ड में एगो गाना के रिकार्डिंग का साथे भईल.
राधेश्याम मिश्रा निर्मित आ रामेश्वर मिश्रा निर्देशित एह फिलिम के मुख्य किरदारन में भोजपुरी के स्टार लोकगायक पवन सिंह आ मशहूर तारिका रानी चटर्जी का साथे प्रेम नागवंशी, गुंजन पंत, नीरज त्रिपाठी, दिव्यांश, नन्हे आ बृजेश त्रिपाठी बाड़न.
पारिवारिक पृष्टभूमि आ संगीतमय एह भावप्रधान फिलिम के गीतकार संतोष सिंह आ संगीतकार अमन श्लोक बाड़े. सह निर्माता महेश पटेल आ कार्यकारी निर्माता संदीप पाण्डेय हउवन.
निर्देशक रामेश्वर मिश्रा के कहनाम बा कि फिलिम पूरा तरह व्यावसायिक दृष्टिकोण से बनावल जा रहल बा जवना में मनोरंजन के सारा खूबी मौजूद रही. कहानी का बारे में कुछ संकेत देत मिश्रा जी कहलन कि लोकगायक अभिनेता पवन सिंह एह फिलिम में एगो बैंक कर्मचारी के भूमिका में बाड़े जे अपना कैरियर का प्रति समर्पित बा.
फिल्म के प्रचारक प्रशान्त निशान्त का मुताबिक एह फिलिम के शूटिंग फरवरी में होखी.
फिलिम के मुहुर्त का अवसर पर निर्देशक जगदीश शर्मा, हैरी फर्नाण्डिज, गायिका इन्दू सोनाली समेत कई गणमान्य अतिथि मौजूद रहलें.