मुंबई में डंका बजा दिहलसि आपन माटी आपन देश
कार्पोरेट कंपनी रियल स्टोन इंटरटेनमेंट मुंबई में आपन धमक देखा दिहलसि आ ओह लोग का मुँह पर ताला लगा दिहलसि जे कहत रहे कि कार्पोरेट कंपनियन के फिलिम सफलता के बाटे जोहत रह जाली सँ. एह कंपनी के फिलिम आपन माटी आपन देश मुंबई का अठारह गो सिनेमा हालन में रिलीज भइल आ हर जगहा हाउसफुल के बोर्ड लटक गइल.
जय जवान जय किसान के नारा बुलन्द करेवाली एह देशभक्ति से ओतप्रोत फिलिम में देशद्रोहियन का खिलाफ एगो किसान के ललकार का साथेसाथ एगो अबला नारी के संघर्षगाथा देखावल गइल बा. फौजी जवान रविकिशन आ स्वीटी छाबड़ा के जोड़ी देखेवालन के दिल जीतत लेत बा त सिकन्दर खरबंदा आ मेघो घोष के जोड़ी आपन छाप छोड़ जात बा. मिलिन्द गुणाजी, अनुपम श्याम, अवधेश मिश्रा, सुरेन्द्र पाल, आ सुदेश बेरी अपना अपना भूमिका का साथ मन में गहिरे उतर गइल बा लोग. मनोजो टाइगर के भूमिका चउँकावे वाली बा.
आरपी ठाकुर के संगीत, अकरम खान के फोटोग्राफी, एमआई राज के निर्देशन सब एक से बढ़ के एक बा.
स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806