नथुनिए पर गोली मारे के मुहुर्त भइल
अजय श्रीवास्तव प्रोडक्शन्स का बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम नथुनिए पर गोली मारे के मुहुर्त पिछला दिने मुंबई के ट्रायो डिजीटल स्टूडियो में करावल गइल. मुहुर्त के पारम्परिक नारियल फोड़े के काम प्रसिद्ध निर्माता आलोक कुमार आ उनकर बेटा गुरु प्रसाद कइलें. यशी फिल्म्स के अभय सिन्हा के प्रस्तुति के निर्माता अजय कुमार श्रीवास्तव हईवन जे एकरा पहिले हि गइनी दिवान तोहरा प्यार में के निर्देशन कर चुकल बाड़े.
एह फिलिम के मुख्य किरदारन में सुशील सिंह, सुदीप पांडे, पंकज केसरी, मोनालिसा, अनूप अरोड़ा, इरशाद भाई, सत्यप्रकाश, आ अवधेश मिश्रा बाड़न. गीत संगीत अशोक कुमार दीप के रही आ एक्शन आरपी यादव के होखी. कार्यकारी निर्माता ब्रजेश जायसवाल आ कमलेश कुमार, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, संपादक जीतेन्द्र सिंह जीतू आ प्रचार के काम प्रशान्त निशान्त का जिम्मे बा.
नथुनिए पर गोली मारे के मुहुर्त का मौका पर निर्माता आलोक कुमार, रामाकांत प्रसाद, पंऌ दुर्गा प्रसाद मजूमदार, रवि उज्जैन, निर्देशक राजकुमार पाण्डे, संगीतकार राजेश रजनीश, गीतकार बिनय बिहारी, आ विका सकुमार समेत बहुते लोग मौजूद रहल.
स्रोत : पटना आ मुंबई से प्रशान्त निशान्त