भोजपुरियन के चहेती अदाकारा पाखी हेगडे

केहू साचे कहले बा कि आदमी व्यवहार आ काम से सबकर दिल जीत सकेला. ई बात भोजपुरी सिनेमा के स्टार अदाकारा पाखी हेगडे का बारे में सहजता से कहल जा सकेला. कन्नड़ भाषी होखला का बावजूड ऊ जवना सहजता ते भोजपुरियन के चहेती बन गइल बाड़ी ऊ काबिले तारीफ बा.

Pakhi Hegde

पाखी के प्रशंसक बस देखही वाला होखस अइसन बात नइखे. निर्माता, निर्देशक, सहयोगी कलाकार, तकनीशीयन सभे लोग उनका खैरख्वाहन में शामिल बा. भोजपुरी फिल्मोद्योग से जुड़ल हर आदमी पाखी के प्रशंसा करत ना थाके. पाखी के अभिनय का साथ साथ उनकर नृत्यकौशलो के लोग दीवाना बा. निर्माता लोग पाखी के काम का प्रति ईमानदारी से आ सहयोगी कलाकारन से बढ़िया व्यवहार से खुश रहेलें.

एहि चलते जब आलोक कुमार के निर्माण आ भोजपुरी के सबसे बड़ फिलिम गंगा जमुना सरस्वती के बात सामने आइल त पहिलका अभिनेत्री पाखिये चुनइली. पाखी के निर्देशको उनुका से खुश रहेले काहे कि ऊ पूरा तालमेल से आ लगन से आपन काम करेली. व्यावसायिको रुप से पाखी हेगडे के सफलता के सानी नइखे केहू. सफलता त उनुकर सखी बन गइल बिया. ढेर पुरान बात नइखे कहात, एही साल के बात करीं त प्रतिज्ञा, भूमिपुत्र, प्रेम के रोग भइल, चलनी के चालल दुल्हा सब बाक्स आफिस पर सुपर हिट साबित भइली स.

त भइलू नू पाखी सब भोजपुरियन के चहेती अदाकारा?


स्रोत : प्रशान्त निशान्त