मनीष महिवाल आ प्रिया शर्मा एक साथ

Manish and Priyaदेवा इंटरटेनमेंट के पहिलका फिलिम द ग्रेट हीरो हीरालाल में पटना के लाल मनीष महिवाल का साथे प्रिया शर्मा पहिला बेर एक साथ आ रहल बाड़े. भजन सम्राट अनूप जलोटा के एह प्रस्तुति के अगिला महीना फरवरी में रिलीज कइल जाई. निर्माता वंशमणी शर्मा के कहनाम बा कि ई फिलिम हिन्दी फिलिम के रीमेक ना बलुक एगो साँच घटना पर आधारित बा. ई पारिवारिक आ कॉमेडी फिल्म हियऽ. भोजपुरी के पहिलका कॉमेडियन आनन्द मोहन एहमे कॉमेडी कइले बाड़े.

फिल्म के मुख्य किरदार पंकज केसरी आ मोनालिसा कइले बाड़े. निर्मल पांडे आ अजीत भगत खलनायक के रोल कइले बा लोग. साथ में बा लोग मनीष महिवाल, प्रिया शर्मा, कल्पना शाह, जफ्फर खान, कैलाश, रवि, आ अशोक चौधरी. संगीतकार गुणवन्त सेन का संगीत में आठ गो गाना बाड़ी सन जवना के श्याम देहाती आ अशोक सिन्हा लिखले बाड़े.


स्रोत : संजय भूषण पटियाला