अभय सिन्हा बनवलें चंदू की चमेली
भोजपुरी फिलिमन के मशहूर निर्माता अभय सिन्हा एक बेर फेर दर्शकन का बीच हाजिर हो रहल बाड़े, आ ऊ फिलम ह चंदू की चमेली. यशी फिल्म्स इन्टरनेशनल का बैनर में बनल एह फिलिम में दर्शकन के मनोरंजन करत नजर अइहन भोजपुरिया सुपर स्टार रविकिशन आ साथ में रहीहन एक्शन स्टार सुदीप पाण्डेय, छेदी का नाम से मशहूर नृत्यनिर्देशक बाली, साधिका रंधावा, आ गुंजन पंत. साथ में बाड़े ब्रजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, आ उमेश सिंह.
हँसी ठिठोली का साथे मनोरंजन के हर नुस्खा से भरल पुरल एह फिल्म चंदू की चमली के निर्देशित कइले बाड़न यंग डायरेक्टर देव पाण्डेय जिनकर फिलिम खटाईलाल मिठाईलाल पहिले धमाल मचा चुक बिया. फिल्म के गीत विनय बिहारी के लिखल हईं सँ आ संगीत दिहले बाड़े धनंजय मिश्र. संवाद सुरेन्द्र मिश्र के लिखल बा.
स्रोत : प्रशान्त निशान्त