जीतेश दूबे निर्माता नम्बर वन

Jitesh Duney with others पिछला साल २००९ के सबले सफल निर्माता बने के श्रेय जीतेश दूबे के मिलल जिनकर दू गो फिलिम पर साल रिलीज भइली सँ आ दुनु ब्लाक बस्टर साबित भइल. मुन्नीबाई नौटंकीवाली के त महुओ टीवी साल के सबले सफल फिलिम बतवलस. बृजवा त नामे कमा लिहलस सफलता में. एह दुनु का रिलीज का साथे साथ पर साल जीतेश दूबे क भोजपुरी फिलिम मार देब गोली केहू ना बोली ओ के शूटिंग पूरा भइल जवना के निर्माण पायल दूबे आ निर्देशन जगदीश शर्मा कइलें. एकरा अलावे जीतेश दूबे अपना फिल्म वितरण कंपनी अनूप इन्टरप्राइजेज का माध्यम से मुंबई में कई फिलिम वितरित कइलन. एगो अउरी फिलिम के प्रस्तुतकर्तो बनलन जीतेश दूबे.

जीतेश दूबे के धरमवीर, मुन्नीबाई नौटंकीवाली बृजवा के सफलता के छाप वितरकन पर अइसन पड़ल कि उनका अगिलका फिलिम मार देब गोली केहू ना बोली के बिना प्रोमो देखलही मुहँमाँगल दाम पर खरीद लिहलें. एह फिलिम के अबही पोस्टे प्रोडक्शन के काम चलत बा आ सगरी टेरीटरी क्लोज हो गइल बाड़ी सँ.

अब अइसना सफल फिल्म निर्माता के किंग आफ भोजपुरी सिनेमा कहल जाव त का बेजाँय होखी ?


स्रोत : शशिकान्त सिंह