हमरा खातिर त जनते जनार्दन बिया, कहलें निरहुआ

Nirahua बितला साल २००९ में दिनेशलाल यादव निरहुआ जवन सफलता कमइलें ऊ भुलाये जोग नइखे. निरहुआ के छक्का आजु ले कान में गूंज रहल बा आ भोजपुरिया दर्शक मैदाने मूवी पर निरहुआ..., निरहुआ... के नारा लगा रहल बाड़े. साँचहू दिनेशलाल यादव आपन सिक्का अतना जमा लिहले बाड़े कि देखे वाला टस से मस नइखन होत. भोजपुरिया दर्शकन के ऊ आज पहिला पसन्द बन गइल बाड़े.

प्रतिज्ञा, दिवाना, हो गइनी दिवाना तोहरा प्यार में, चलनी के चालल दुलहा, प्रेम के रोग भइल, आ परिवार जइसन फिलिम निरहुआ के साम्राज्य पसारत चल गइली सँ आ आजु कईएक मामिला में निरहुआ दोसरा से आगा निकल चुकल बाड़े. भोजपुरी के ले के, भोजपुरी के रस्ते, आ भोजपुरी का वास्ते निरहुआ दक्षिण का फिल्म उद्योग में घुसे वाला पहिला भोजपुरी अभिनेता बन गइल बाड़न. मूवी मुगल डी रामानायडू त दिनेश के दिवाना हो गइल बाड़े. एह साल का योजना का बारे में निरहुआ से भइल बातचीत के कुछ हिस्सा एहिजा दिहल जा रहल बा

२००९ में त रउरा नम्बर वन रहबे कइनी, एह साल के धमाका का होखी ?

जवना बात के परिणाम रउरा हाथ में ना होखे ओकरा बारे में बस अन्दजे लगावल जा सकेला. हमार सारा कमाल त जनता जनार्दन का हाथ में बा. उठा लिहलस त आसमान चढ़ गइनी, फेंक दिहलसि त पताले चल गइनी. एह मामिला में हम कुछ अधिका खुशनसीब जरुर बानी. एह साल के शुरुआत होखी बी॰ओबुलरेड्डी के फिल्म निरहुआ नम्बर १ से जवना में हमार अन्दाज कुछ अलगे देखे क मिली. एहमें हम पण्डित आ डॉन का भूमिका में बानी. नायिका बाड़ी पाखी हेगडे. एकरा बाद आई तीन गो बिग बजट फिलिम. ओहु तीनो में हमार आ पाखी जी के जोड़ी बा. फिलिम हईं सँ राजकुमार आर पाण्डेय के सात सहेलियाँ, डी रामानयडू के शिवा, आ अभय सिन्हा के करण अर्जुन. सात सहेलियाँ के किसना के सात गो नायिका बाड़ी सँ. ई एगो अद्भुत फिलिम होखी जवना के राजजी बहुते बढ़िया से निर्देशित कइले बानी.

डी रामानायडू के शिवा के चर्चा त शुरुवे से हो रहल बा. कुछ ओकरा बारे में ?

डी रामानायडू का शिवा में हम टाइटल भूमिका में बानी. एहमें हमार एक्शन के कमाल देखे के मिली. निर्देशन जी सुब्बाराव कइले बाड़े आ शूटिंग हैदराबाद आ दक्षिण भारत के कई गो मनोरम जगहन पर भइल बा. एह फिलिम से हमरा बहुते उमेद बा.

कतना फिलिम हो गइली सँ राउर ?

अबही ले २२ गो फिलिम रिलीज भइल बाड़ी सँ जवना में १८ गो हिट रहल. छह गो त रिकार्ड सफलता पवली सँ.

गंगा जमुना सरस्वती में पहिला बेर रविकिशन, मनोज तिवारी, आ रउरा के देखे के मिली. ओकरा बारे में ?

गंगा जमुना सरस्वती में पहिला बेर रवि भईया, मनोज भईया, हम एक साथे काम कर रहल बानी जा. भोजपुरी के ई अबले के सबले बड़हन फिलिम होखी. आलोक कुमार के बनावल आ हैरी फर्नाण्डिज के निर्देशित एह फिलिम में हम सरस्वती का भूमिका में बानी जे एगो अनाथ लड़िका ह. अबही बस अतने बतावल जा सकेले.

एकरा अलावे कुछ अउरी बा ?

बा नू. रमाकांत प्रसाद के दाग, जवना के शूटिंग फरवरी में शुरु होखे वाला बा. प्रवेश सिप्पी के मृत्युञ्जय, संजय सिन्हा के लोफर, असलम शेख के रखवाला, आ अभय सिन्हा के रणभूमि.

मतलब कि फेर छक्का लगावे के बा ?

सब रउरा लोगन के प्यार ह, ना त निमन निमन तीसमार खाँ लोग एलबी डब्ल्यू हो के पैवेलियन लवटि जाला. फेर कहेम कि हमरा खातिर जनते जनार्दन हियऽ.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त