मार देब गोली केहू ना बोली में मनोरंजन के पूरा पैकेज बा

Ravi Kishan in Mar Deb Goli Kehu Na Boli तमंचा का बल पर यूपी बिहार में लहलहात अपराध के फसल पर बनत जीतेश दूबे के भोजपुरी फिलिम मार देब गोली केहू ना बोली का बारे में अबहिये से कहाये लागल बा कि ई एह साल के सबले बड़ ब्लाक बस्टर भोजपुरी फिल्म होखी. एहमें भोजपुरी सुपर स्टार रविकिशन का साथे गुंजन पंत, दीपक दूबे, कल्पना शाह, किरण कुमार आ बृजेश त्रिपाठी के खास भूमिका बा. रविकिशन एनकाउण्टर स्पेशलिस्ट का भूमिका में बाड़न आ भोजपुरी फिल्म जगत के नंबर वन निर्माता जीतेश दूबे के सृजन शीलता आ निर्देशक जगदीश शर्मा का कर्मठता से बहुते खुश बाड़न.

रविजी, फेर तमंचा के बात ? लागत बा कि मार देब गोली केहू ना बोली से सिनेमा का पर्दा पर कहर बरखे जा रहल बा ?

तमंचा चलावल कवनो पुलिस वाला के शौक ना होला बलुक सिस्टम से परेशान हो के ऊ अइसन करेला. सिस्टम से लड़त देख के हमार दर्शको खूश होलें.

मतलब कि एह फिल्म में सिस्टम से राउर नाराजगी साफ झलके वाला बा ?

समाज में पसरल कचरा साफ करे खातिर अइसन त करहीं के पड़ी.

जीतेश दूबे का साथे एहसे पहिले धरमवीरो में काम कइले रहीं अपने. मानल जा रहल बा कि ई फिलिम ओकरे ले बड़हन ब्लाक बस्टर होखी ?

Ravi Kishan in Mar Deb Goli Kehu Na Boliजीतेश दुबे लेखा डायनामिक प्रोड्यूसर का साथे त हम बेरमबेर काम करल चाहब. जितेश दूबे का मालूम बा कि सफलता के फार्लूला का ह, आ ऊ एह फार्मूला से कबो कवनो समझौता ना करस. पर साल के उनकर फिलिम मुन्नी बाई नौटंकी वाली आ बृजवा का तरह इहो फिलिम एह साल नया रिकार्ड बनाई.

मार देब गोली केहू ना बोली के जगदीश शर्मा निर्देशित कइले बाड़े जिनका साथे रउरा उठाइला घुंघटा चांद देख लऽ आ रंगबाज दारोगा जइसन सफल फिलिम दे चुकल बानी. खर्चेलू निर्माता जीतेश दूबे आ महँग निर्देशक जगदीश सर्मा का साथे काम कइल कइसन लागल ?

साँच कहीं त हमरा पते ना लागल कि शूटिंग कब पूरा हो गइल. बहुते मजा आइल एह फिलिम में काम कर के.

एह फिलिम के बाकी कलाकारन का बारे में ?

गुंजन पंत कमाल के आ वन टेक एक्ट्रेस बाड़ी, बहुते दूर ले जइहें ऊ. आ दीपक दूबे का बारे में का कहीं ? उनका पता रहेला कि आप नेचुरल एक्टिंग कर सकीलें. बृजवा का बाद त एह फिल्म में दीपक के एगो नये रूप में देख के दर्शक चउँक जइहें.

धरमवीर में राउर कई रुप देखे के मिलल रहे. मार देब गोली में का का मिली ?

मार देब गोली केहू ना बोली में मनोरंजन के पूरा पैकेज बा जे सभकर मनोरंजन करी, एह फिलिम के देखला क बाद लोग ढेर दिन ले एक एक सीन याद राखी.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा