खतम भइल दीया और तूफान के जंग

दीया और तूफान का बीच जंग के कवनो गुंजाइश ना होला. दीया बाचे त अपना किस्मत से, ना त तूफान त निमना निमना के जड़ उखाड़ ले जाला. बाकिर एहिजा मामिला फिल्मी बा. आरपी सिंह के भोजपुरी फिल्म दीया ओर तूफान में दीया तूफान से खाली मुकाबिले नइखे करत, ओकर बोलती बन्द करा दे ता. नम्रता फिल्म्स क्रिएशंस का बैनर में मिथिलेश अविनाश का निर्देशन में बनत एह फिल्म के क्लाइमेक्स कुछ अइसने करतब देखावऽता. मुंबई का बसरा स्टूडियो का सेट पर फिल्म के शूटिंग का आखिरी दिन का शेड्यूल में इहे नजारा देखे के मिलल.

फिल्म के नायक बृज मोहन एगो अनाथ आ विकलांग युवक बा जवन मजाक उड़वला से तंग होके कुछ कर देखावे के कसम खात बा आ डाक्टरन बन के देखा देत बा. एही बीचे ओकरा ठाकुर का बेटी से प्यार हो जात बा जवना के ओकरा बड़हन कीमत चुकावे पड़त बा. शूटिंग में आज के सीन रहे कि ठाकुर, कुणाल सिंह, बेमार बाड़न आ कई डाक्टर उनकर इलाज ना कर पवलन. जवन डाक्टर उनकर इलाज कर सकत बा ओकरा के ऊ कबो दुत्कार दिहले रहन. नायिका प्रिया कपूर के बाप आज बेबस बा आ जेकरा के ऊ दुत्करले रहे उहे औकर इलाज कर रहल बा. कुणाल, बृजमोहन, आ प्रिया कपूर जवन इमोशनल शॉट दिहल लोग ओकरा के देख सब लोग भावुक हो उठल.

एह तीनो का अलावा फिल्म के बाकी मुख्य कलाकारन में प्रिया पांडेय, मेहनाज, आ अशोक त्यागी के नाम बा. गणेश कुमा काजल, अमित यादव, आ तस्लीम तनहा के गीतन के संगीत से सँवरले बाड़े कुमार पारस. नृत्य निर्देशक अश्विन गोहिल आ प्रवीण. कैमरा मैन बाड़े लोकेश भंडारी.


स्रोत : समरजीत