विनय आनन्द बनलन भगवान श्रीकृष्ण

Vinay Anand as Lord Krishna आवे वाली फिलिमकिसना कइलस कमाल का एगो सीन में विनय आनन्द भगवान श्रीकृष्ण का भूमिका में लउकीहें.

चुनमुन पंडित का निर्देशन में बनत एह फिलिम के शूटिंग पिछला दिने बक्सर में करावल गइल त विनय आनन्द के एह रुप देख के श्रद्धालुअन के भीड़ लाग गइल. कई जने त विनय के साँचहू के भगवान श्रीकृष्ण समुझ के उनकर गोड़ छुवे लगलें. एगो औरत अपना लड़िका के ले के आइल आ कहलस कि एकरा के आशिर्वाद दीं. सुनते विनय आनन्द हँसे लगलें. समुझावे के कोशिश कइलें बाकिर लोग ना पतियाइल त नायिका गुंजन पंत के आवाज लगवलें. गुंजन पंत अइली त विनय के अउरी जोरदार झटका लागल. गुंजन राधा का वेष में रहली. बुरा फँसल विनय आनन्द एकरा के कवनो चमत्कार मान के श्रद्धालुअन के आशीष दिहलें आ ओह लड़िका के नाम कृष्णानन्द राख दिहलें. औरत त खुश होके झूमे लागल.

विनयो के कहे पड़ गइल तेरी लीला अपार है किसन !


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा