महाशिवरात्रि पर तीन गो फिल्मन के भिड़न्त

Chandu Ki Chameli जबो कबो त्यौहार के मौसम आवेला त भोजपुरी फिल्मन के निर्माता ओकरा फायदा उठावे से ना चूकस. काहे कि त्यौहार का मौका पर दर्शक लोग के निकहा प्यार मिलत रहल बा फिल्मन के. से अबकियो बारी महाशिवरात्री का पावन मौका पर १२ फरवरी के भोजपुरी के तीन गो फिल्म रिलीज हो रहल बाड़ी सँ. एह तीनो में भोजपुरी सुपरस्टार रविकिशन के चंदू की चमेली, सुपर स्टार पवन सिंह के जब केहू दिल में समा जाला आ एक्शन स्टार अजय दीक्षित के नजरिया तोहसे लागी.

तीन गो अलग अलग स्वाद के एह फिल्म में भोजपुरी के किंग निर्माता अबय सिन्हा के चंदू की चमेली में कामेडी के स्वाद बा. फिल्म के कहानी दू गो चोर का आगा पाछा घुमत बा. यशी फिल्म्स का बैनर में बनल एह फिलिम में रविकिशन दशावतार रुप धारण कइले बाड़ आ उनकार नायिका बाड़ी साधिका रंधावा. एक्शन स्टार सुदीप पाण्डे एगो पुलिस इंसपेक्टर के मजाकिया किरदार में बाड़न जबकि दर्शकन का बीच छेदिया नाम से मशहूर बाली चाचा चौधरी का हिट किरदार में बाड़न. एह फिल्म में दर्शक अबय सिन्हा के फिल्मन के भव्यता का साथे निर्देशक देव पाण्डे के निर्देशन के कमालो देखीहें.

Jab kehu Dil Me Sama Jalaचंदू की चमेली के टक्कर देबे आ रहल बा मशहूर लोकगायक आ भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार पवन सिंह के जब केहू दिल में समा जाला. ई फिल्म रोमांटिक लहजा का साथे साथ एक्शनो से भरपूर सजावल बा. एके मीडिया इंटरटेनमेंट आ ऋषि इंटरनेशनल प्रोडक्शन के एह फिल्म के निर्माता अशोक गुप्ता आ निर्देशक मिथिलेश अविनाश हउवें. पवन सिंह आ रानी चटर्जी के सुपरहिट जोड़ी एह फिल्म में फेर से देखे मिली. एह दुनु का प्यार में तीसरका कोण बनावत बाड़ी कल्पना शाह. रानी सुपरमॉडल बनल बाड़ी आ पवन सिंह उनकर दिवाना. जब केहू दिल में समा जाला के समर्पण, ममता, आ त्याग से सराबोर मुहब्बत के कहानी कहल जा सकेला. एह फिलिम में भोजपुरिया महानायक कुणाल सिंह एगो अहम किरदार में आइल बाड़न.

Najariya Tohase Laagiआ एह दुनु फिलिमन से टकराए आवत बिया एक्शन स्टार अजय दीक्षित के रोमांटिक लुक से सजावल फिलिम नजरिया तोहसे लागी. एह फिलिम में पकड़ुआ बिआह जइसन ज्वलंत सामाजिक मुद्दा देखावल गइल बा कि कइसे एह तरह के बियाह कुछ मायने में निमनो बा आ कुछ मामिला मे सामाजिक अपराधो. संतोष सिंह के बनावल आ दीप शर्मा के निर्देशित एह फिल्म में अजय दीक्षित के जोड़ी गुजराती बाला विभूति त्रिवेदी से लगावल गइल बा. बाकी खास किरदारन में रजा मुराद, अयाम मेहता, देव मल्होत्रा, ऋचा सिंह, आ सोना बत्रा बा लोग. एह फिलिम के खास डायलाग बा वरमाला पहिराओ या गोळी खाओ.

बहरहाल तीनो अलग अलग अंदाज वाली एह फिलिमन के बाक्स आफिस पर होखे वाला टकराव कतना धमाल मचाई अब बस एकरे इन्तजार बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त