पवन सिंह के ठुमका पर दर्शक झूमलें

Pawan promoting his film at Elphinston theatre of Patna शनिचर १३ तारीख के पटना के एलफिन्स्टन सिनेमा हॉल में भोजपुरी फिलिम जब केहू दिल में समा जाला के प्रोमोशन शो आयोजित कइल गइल. एह शो में फिल्म के नायक पवन सिंह आ निर्माता अशोक गुप्ता दर्शकन का सामने आ के सीधा संवाद बनवलें. पवन सिंह पहिले दर्शकन के हाल चाल पुछलें आ फेर फिलिम के कुछ हिट गाना गा के सुनवलें. दर्शकन का मांग पर पवन सिहं फिल्म के गाना पर ठुमको लगवले आ थियेटर का भितरी बनल स्टेज पर धमाल मचा दिहलें.

एह सब का बाद मीडिया से बतियावत पवन सिंह अपना किरदार का बारे में बतवलें कि कइसे एगो परिवार के लाड़ला एगो मशहूर अभिनेत्री का बोलावा पर शहर जात बा. ऊ लड़िका ओह अभीनेत्री से मन ही मन प्यार करेला. शहर जाये का राह में एगो दुर्घटना हो जात बा आ कहानी में नया मोड़ आ जात बा. कहलें कि एह फिल्म में दर्शक उनकर एगो नया रूप देखीहें.

निर्माता अशोक गुप्ता बतवलें कि ऋषि इंटरनेशनल प्रोडक्शन का बैनर में बनल एह फिलिम के लेखन निर्देशन मिथिलेश अविनाश कइले बाड़े. फिल्म के रोमांटिक जोड़ी पवन सिंह आ रानी चटर्जी के कई गो गरम सीनो बा एह में. भोजपुरी सिनेमा के महानायक कुणालो सिंह के एगो मजगर किरदार बा. एकर गीत विनय बिहारी के लिखल ह आ संगीत बनावल ह मधुकर के जवन श्रोता लोग के बहुते पसन्द आ रहल बा. शूटिंग यूपी का प्रतापगढ़ आ इलाहाबाद में करावल गइल रहे.

फिल्म के वितरक राज सिंह बतवलें कि फिल्म के १२ फरवरी से बिहार झारखण्ड के २५ गो थियेटरन में रिलीज कइल गइल बा शुरुआती सफलता बहुते बढ़िया मिलल बा. एह मौका पर फिल्म प्रचारक प्रशान्त निशान्त, संजय पंजियार, वेदप्रकाश आ संदीप मौजूद रहलें.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त