खेला के भव्य संगीतमय मुहुर्त

At the muhurt of Khela उदित नारायण - दीपा नारायण के प्रस्तुति आ ए पी आर्ट्स क्रिएशंस के निर्माण भोजपुरी फिलिम खेला के भव्य संगीतमय मुहुर्त पिछला दिने मुंबई का कृष्णा आडियो में करावल गइल. निर्माता अशोक वर्मा के एह फिल्म खेला के निर्देशन आनन्द डी गहतराज करत बाड़े आ रविकिशन आ रानी चटर्जी मुख्य जोड़ी बा एह में.

खेला का मुहुर्त पर पूजा अर्चना का बाद मुहुर्त के नारियल उभरत गायक आ अभिनेता आदित्य नारायन फोड़लन. एह मौका के अपना अपना अंदाज से उदित नारायण आ रवि किशन एगो मेला में तब्दील कर दिहलें आ रंग जमा दिहलें. मुहुर्त का एह मौका पर उदित नारायण आ दीपा नारायण का आवाजन में एगो युगलगीत रिकार्ड करावल गइल.

निर्देशक आनन्द डी गहतराज के कहना बा कि ई फिल्म आम आदमी के बा जे बेमतलबे अपराधियन के कोपभाजन बन जाला, ओकर शिकार हो जाला. एह एक्शन थ्रिलर में रविकिशन रानी चटर्जी का साथे राजीव मिश्रा, श्यामली, पुष्कर तिवारी, दिनेश बागड़ी, आ आलोक यादव महत्वपूर्ण भूमिका में बाड़न जा. कहानी पुष्कर तिवारी के ह त पटकथा आरएस चौहान के. गीत श्याम देहाती आ राजेश मिश्रा के लिखल बा त संगीत राज सेन के. स्टंट जीतू सिंह के, नृत्य निर्देशन ओमी के, कला अंजनी तिवारी के आ छायांकन नरेन्द्र पटेल के बा.

मुहुर्त का मौका पर आइल खास मेहमानन में बिहार प्रवासी संघ के अध्यक्ष आ फिल्म निर्माता डा॰ बलवन्त शास्त्री, असलम शेख, शुभम तिवारी, बृजेश त्रिपाठी, गोविन्द खत्री, मोना रे, सोनू त्रिपाठी, अशोक कुमार गुप्ता, हरीश गुप्ता, परिवेश दर्पण, प्रवीण, लीलाधर श्रेष्ठ, फहीम खान आ अउरियो लोग शामिल रहुवे. बतावल गइल कि फिल्म के पूरा शूटिंग नालन्दा, राजगीर, बोधगया जइसन रमणिक जगहन पर करावल जाई.


स्रोत : समरजीत, उदय भगत