भोजपुरी सिनेमा में कलुओ आ गइल

Tu Hi Mor Balma भोजपुरी सिनेमा में गायकन के नायक बने के एगो परम्परा जइसन बन गइल बा आ अब ओहि परम्परा का अगिला कड़ी का रुप में यूपी बिहार में लोकप्रिय अरविन्द अकेला जेकरा के लोग प्यार से कलुआ कहेला फिल्मी दुनिया में आपन डेग धर दिहले बा. असलम शेख जइसन निर्देशक ओकरा निर्देशित फिल्म तू ही मोर बालमा से ओकर एक्टिंग कैरियर के शुरुआत हो रहल बा. देखे में लड़िका लागे वाला कलुआ के गाना लड़िकन के सुने लायक ना होला आ चट्टी चौरस्ता पर, पान का दूकान में, टेम्पो ट्रैक्टर पर ओकर दुअर्थी गीत जम के बाजत रहेला. असलमो शेख निर्देशित फिलिम तू ही मोर बालमा में ओकर एगो गीतो शामिल बा.

तू ही मोर बालमा में अरविन्द अकेला कल्लू का साथे प्रवेश लाल यादव, रिंकू घोष, दीपक दूबे, शुभम तिवारी, मनोज टाइगर, आ बृजेश त्रिपाठी शामिल बाड़े.

कलुआ के एगो अउरी फिलिम आ रहल बा, मोनिका सिन्हा के गठबन्धन प्यार का. एहमें पवन सिंह, अंजलि, आ विष्णु शंकर वेलू खास किरदार में शामिल बाड़न जा. एकर प्रस्तुतकर्ता बाड़े संजय सिन्हा. कहल जा रहल बा कि एह दुनु फिल्मन से कलुआ के कैरियर ग्राफ आसमान पर चहूंप जाई.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा