कुरुक्षेत्र सेट पर भइल हादसा में बालबाल बँचलन विक्रान्त

Vikrant भोजपुरी सिनेमा के उभरत सितार विक्रान्त के निमन करमे के फल बा कि फिल्म कुरुक्षेत्र का सेट पर भइल एगो हादसा में ऊ बालबाल बाँच गइलनॆ भइल कुछ अइसन कि निर्माता दौलत ठाकुर आ राजू सिंह के जगदीश शर्मा निर्देशित फिल्म कुरुक्षेत्र के शूटिंग फिल्म सिटी में होत रहुवे. सीन का मुताबिक मोनालिसा जीप चलावत विक्रान्त के पीछा करे के रही. निर्देशक जगदीश शर्मा के इशारा मिलते मोनालिसा जीप स्टार्ट कर के पीछा कइल शुरु कर देत बाड़ी. अचके में विक्रान्त के ठोकर लागऽता आ ऊ गिर जात बाड़े. अपना एक्शन में डूबल मोनालिसा ब्रेक लगावले भुला गइली आ जबले ध्यान आइल तबले विक्रान्त का देह पर जीप चढ़े चढ़े वाला पोजीशन में आ गइल रहे. विक्रान्त के आधा देह दुनु अगिला चक्का का बीचे आ गइल रहे. पूरा यूनिट के त ठकुआ मार दिहलसि. बाकिर जब मामूली रुप से घवाहिल विक्रान्त सही सलामत रहलन त सबका जान में जान आ गइल.


स्रोत : उदय भगत