विनय आनन्द बनलें साँवरिया

Vinay Anand at muhurt of Sanwaria रणवीर कपूर के अपने सभे साँवरिया में देखले होखब. अब साँवरिया बने के बारी बा विनय आनन्द के जे शंभूनाथ, श्रवण अग्रवाल, आ सीबी त्रिपाठी के बनावत फिलिम साँवरिया आई लव यू में आ रहल बाड़े.

एह फिलिम के मुहुर्त पिछला दिने मुंबई अँधेरी के चार बंगला का सना रिकार्डिंग स्टूडियो में करावल गइल त तमाम दिग्गज विनय आनन्द आ साँवरिया के टीम के बधाई देबे उमड़ पड़लन. विनय आनन्द बतवलन कि उनकर भूमिका एह फिल्म में एगो लवर ब्वाय के बा आ उहो अइसन रसिया के लोग देख के चउँक जाई. फिल्म के निर्देशन रामपाल सिंह करत बाड़े. रामपाल सिंह कहलन कि एह फिलिम के कहानी के ओह साँवरिया से कवनो लेना देना नइखे आ बिल्कुले नया कहानी बा एकर.

सांवरिया आई लव यू में विनय आनन्द, मोनालिसा, दीपक दूबे, रोजा, वीरेन्द्र गुप्ता, परी, अली खान, आ नवोदित कलाकार अखिलेश शुक्ला के खास किरदार बा. गीत फणीन्द्र राव, राजेश मिश्रा आ अरविंद तिवारी के लिखल बा आ संगीत दे रहल बाड़े अमन श्लोक. कैमरा मैन प्रमोद पान्डे रहीहें आ कला निर्देशक इन्द्रजीट शर्मा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा