खेला, विजयी भव, आ शुभम तिवारी

Manoj Tiger, Udit Narayan Jha, and Shubham Tiwari सिल्वर स्क्रीन पर आपन धाक चमा चुकल शुभम तिवारी के प्रशंसक दिन पर दिन बढ़ल जात बाड़े. कानून हमरा मुट्ठी में फिल्म से दर्शकन के दिल अपना मुट्ठी में कर चुकल शुभम तिवारी के उदित नारायण, दीपा नारायण आ अशोक वर्मा अपना नया भोजपुरी फिल्म खेला में देखल जा सकेला. संजोग कुछ अइसन भइल कि उनका तीन गो नया फिल्म घात प्रतिघात, दयावान, आ विजयी भव के मुहुर्त एके दिन भइल आ ई बात अपना में एगो रिकार्ड बा. खेला आ विजयी भव के निर्देशन आनन्द डी गहतराज करत बाड़े त बाकी दुनु फिल्म के निर्देशक असलम शेख बाड़े. खेला में शुभम सुपर स्टार रविकिशन आ रानी चटर्जी का साथे बाड़े, विजयी भव में मनोज टाइगर आ रानी चटर्जी. शुभम तू ही मोर बालमा में जल्दिये रिंकू घोष से आँख लड़ावत लउकीहें. एह फिल्म के फर्स्ट लुक जे भी देखले बा सबे शुभम के काम के तारीफ करत बा. पेश कइल जा रहल बा शूभम से बातचीत के कुछ अंश...

शुभम, आप त छा गइनी भोजपुरी वर्ल्ड में ! एक ओर कानून हमरा मुट्ठी में आपन सौंवा दिन मना रहल बा त दोसरा ओर मेगा स्टार मनज तिवारी का साथे आप कलयुग का योद्धा में आ रहल बानी.

ई सब त दर्शकन के प्यार बा. हमरा निर्देशकन के हमरा पर भरोसा बा. एही बदौलत हम अपना कैरियर के शुरुआत कइनी आ कामयाबी का राह पर चल निकलनी.

Shubham Tiwari with Rinku Ghoshराउर फिल्म तू ही मोर बालमा जल्दिये रिलीज होखे वाली बा. का रउरा एहसे उत्साहित बानी ?

हद से बेसी. पहिला बेर हमरा असलम शेख जी का निर्देशन में काम करे के मौका मिलल बा.

कानून हमरा मुट्ठी में रउरा पुलिस इंसपेक्टर बनल रहीं, आ तू ही मोर बालमा में कामेडी आ इमोशन देखला रहल बानी. केतना चैलेंजिंग लागल कॉमेडी कइल ?

बड़ा मजा आइल कॉमेडि कर के. असलम शेख जी हमरा के पूरा आजादी दिहलें आ हमहूं मन लगा के कॉमेडी कइनी एह फिल्म में. इहे ना, रितेश ठाकुर निर्मित आ जीतेश दुबे के प्रस्तुति फिल्म तू ही मोर बालमा में रउरा हमार हाई वोल्टेज एक्शन सीन देखब. साथ ही साथ रोमांस, इमोशन, आ कामेडी के नायाब नमूना देखे के मिलि एहमें.

रउरा डायरेक्टरन के पहिला पसन्द बनल जा रहल बानी. पहिले आनन्द डी गहत राज आ अब असलम शेख रउरा के लगातार रिपीट करत जा रहल बाड़े ?

हमार व्यवहार आ काम हमरा के निर्देशकन के चहेता बनावेला. हम जानत बानी कि कवनो फिल्म कतना दिक्कत से बनेला. अगर कलाकारे मदद ना करी त का मतलब रह जाई. हमार इहे सोच हमरा के निर्देशकन आ निर्माता लोग के पसन्द पर खरा साबित करेला.

तू ही मोर बालमा के निर्देशक असलम शेख का साथे काम कइल हर अभिनेता के सपना होखेला. राउर का कहनाम बा ?

असलम जी हमरा खातिर लाटरी जस बानी आ हमार लॉटरी जरुर लागी. हमरो सपना रहे कि असलम जी का निर्देशन में काम करीं. अब ई सपना साँच हो गइल बा. जानत बानी कि एह फिल्म में हम प्रवेशलाल यादव, मनोज टाइगर, आ दीपक दूबे का साथे बानी. बाकिर ओह भीड़ में हम भुलाइल नइखीं, आपन एगो पहिचान बन के देखवले बानी.

का रउरा अपना काम से संतुष्ट बानीं ?

कलाकार के कबहूं संतुष्ट ना होखे के चाहीं. हमहूं एगो कलाकार हईं आ हमरा अबही बहुते कुछ करे के बा.

अपना निर्देशकन का बारे में राउर राय ?

असलम जी कमाल के निर्देशक हईं. हम खुशनसीब बानीं कि हमरा उनका साथ काम करे के मौका मिलल. आनन्द डि गहतराज जी के बड़प्पन बा कि ऊहाँ का हमरा के हमेशा बढ़ावा देत रहेनी. बहुते कुछ सीखे के मिलल बा उनका से आ कई गो फिल्म में हम आनन्द जी का निर्देशन में काम करत बानी.

रउरा के त रिंकूओ घोष खूबे प्रोत्साहित कइले रही तू ही मोर बालमा में ?

जी हँ. रिंकू जी बहुते सीनियर कलाकार हईं तबो उहाँ का हमरा के कबो महसूस ना होके दिहलीं कि ई उहाँ का साथ हमार पहिलका फिल्म ह. रिंकू जी के आपन विशिष्ट पहचान बा.

फिल्म के निर्माता रीतेश कुमार ठाकुर का बारे में का राय बा राउर ?

रितेश ठाकुर के सोच वाकई अलगा बा. आजु भोजपुरी सिनेमा के अइसने लोग के दरकार बा. रितेश नया होखला का बावजूद हर चीज समुझेलें.

राउर जवने फिलिम बाड़ी सँ कवनो में रउरा सोलो हीरो नइखी, काहे ?

अइसनका नइखे. जल्दिये रउरा हमरा के उदित नारायण सोनू त्रिपाठी आ अशोक गुप्ता के निर्माण विजयी भव में हमरा के सोलो हीरो का रुप में देखब. एकर निर्देशन आनन्द डी गहतराज करत बानी.

हाल में चर्चा रहुवे कि रउरा एके हफ्ता में पाँच गो बड़का निर्माता लोग के फिलिम साइन कइनी. का ई साँच बात बा ?

जी हँ. पिछला दिनो एके हफ्ता में हम खेला , गुरुचेला, कलियुग के योद्धा आ विजयी भव साइन कइनी. खेला में हमरा साथे भोजपुरी सुपर स्टार रविकिशन बानी त कलियुग का योद्धा में मेगा स्टार मनोज तिवारी.

अभिनय का अलावे अउरी कुछ करल चाहीं ला का ?

हँ. क्रिकेट खेलल. अगर अभिनेता ना बनतीं त क्रिकेटर जरुरे बन जइतीं. हर क्षेत्र में काम करे के मन करेला.

कवनो ड्रीम रोल ?

हँ. हिन्दी फिल्म वान्टैड में सलमान जी वाला रोल जइसन किरदार जे अपना देश खातिर जान देबे के हिम्मत राखेला. एक्शन वाला रोल हमरा के बहुते रोमांचित करेला.

चलत चलत भोजपुरी दर्शकन से कुछ कहल चाहब ?

भोजपुरी सिनेमा में हमार अनुभव बहुते बढ़िया रहल बा. बस, अतने दुआ करीलें कि हमार फिल्म दर्शक देखत रहस आ आपन प्यार आ आशीर्वाद हमेशा बनवले राखस जवना से कि हम अउरी आगा बढ़ीं.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा