होली पर निरहुआ निरहुए से टकरइहें
अब बाजार पर फगुआ के खुमार चढ़ल शुरु हो गइल बा आ हर तरफ माहौल होलिया गइल बा. स्वाभाविक बा कि एह माहौल में भोजपुरी फिल्म इण्डस्ट्रीओ अलगा ना रही. आ अबकी निरहुआ निरहुए से टकराये जा रहल बाड़े एह होली पर. काहे कि अबकी का होली पर निरहुआ के दू गो फिल्म एक साथ रिलीज हो रहल बा, सात सहेलियाँ आ शिवा. दुनु में उनकर किरदार एक दूसरा से उलट बा.
भोजपुरी फिल्मन के मशहूर निर्माता निर्देशक राजकुमार पाण्डे के सात सहेलियाँ पारिवारिक आधार वाली फिल्म ह. एहमें निरहुआ गाँव के नौजवान का भूमिका में बाड़े जे खेतीबाड़ी से आपन घर चलावत बा. शहर से आइल सात गो सहेली ओकरा से प्यार करे लागत बाड़ी सँ आ ओह सातो सहेलियन से निरहुआ अपना के कइसे बचावत बा इहे देखावल गइल बा एह फिल्म में. फिल्म में निरहुआ के एगो जबरदस्त ब्लास्ट सीन बा आ सातो सहेलियन का साथे किसिंगो सीन.
मूवी मुगल डी॰रामानायडू के फिल्म शिवा में निरहुआ एक्शन अवतार में बाड़न. एगो अइसन अवतार में जवन पइसा ले के हर तरह के काम करेला. एह फिल्म में कुछ देर खातिर ऊ कृष का लुको में लउकिहन. शिवा में निरहुआ के लुक एकदमे अलगा बा आ उनकर लकी एक्ट्रेस पाखी हेगडे हू एह में बाड़ी.
कुल मिला के कहल जाव त एह दुनु फिल्मन में निरहुआ के अलग अलग अंदाज देखे के मिली आ देखे लायक होखी कि दर्शक कवना निरहुआ के भारी मानत बाड़े.
स्रोत : प्रशान्त निशान्त