राजकुमार पाण्डेय के सात सहेलियाँ

Nirahua with Pakhi in Saat Saheliyan अबकि होली का समय भोजपुरी फिल्मन के सबले सफल निर्देशक राजकुमार आर पाण्डे आपन सात सहेलियाँ ले के आ रहल बाड़ें. एहि फिल्म से उनकर फिल्म निर्माता के पारीओ शुरु हो रहल बा. निर्देशक का रुप में ऊ लागल रहऽ ए राजाजीदिवाना जइसन ब्लाकबस्टर फिल्म दे चुकल बाड़न.

सात सहेलियाँ में भोजपुरी सिनेमा के किंग स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ का साथे भोजपुरी सिनेमा के सात गो टॉप अभिनेत्री आ रहल बाड़ी. आदि शक्ति इन्टरटेनमेंन्ट आ साईं दीप फिलम्स का बैनर में बनल एह फिल्म में दर्शक पारिवारिक विषयवस्तु से सजावल मनोरंजक फिल्म देखीहें जवना में रोमांस आ एक्शनो के छौंक मारल बा. निरहुआ जवना सात गो हीरोइनन का बाँह में लउकिहन ऊ लोग बा रिंकू घोष, रानी चटर्जी, पूनम सागर, मोनालिसा, लवी रोहतगी, दिव्या द्विवेदी, आ हॉट एन्ड हिट सिने तारिका पाखी हेगडे.

फिल्म के नायक के किरदार में निरहुआ एगो गँवई सोझबक नौजवान का किरदार में बाड़े जे अपना गाँव में रहत खेती बाड़ी के काम करेला. ओहि गाँव में शहर के सात गो लड़की अपना शोध कार्य करे आवत बाड़ी आ निरहुआ के दिवानी बन जात बाड़ी.

होली का मौका पर रिलीज होखे जा रहल एह फिल्म में निरहुआ आ सातो सहेलियाँ के चुम्मा देखे के मिली. साथही साथ विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती, आ एस कुमार के लिखल गाना राजेश रजनीश का संगीत पर देखे सुने के मिली जवन देखे वालन के थिरके पर मजबूर कर दी. निर्माता निर्देशक राजकुमार आर पाण्डे के कहनाम बा कि दर्शकन खातिर ई फिल्म सम्पूर्ण मनोरंजन होखी.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त