पहिला स्टेज शो नौ साल का उमिर में कइले रहलें पवन सिंह

Pawan Singh होनहार बिरवान के होत चिकने पात. भोजपुरी के सुपर स्टार पवन सिंह लड़िकाइयें में संकेत दे दिहले रहलें कि ऊ करोड़न दिल पर राज करे वाला कलाकार हउवन. लोकगायक से नायक आ फेर स्टारडम के मंजिल ऊ अतना तेजी से हासिल कइलें कि देखेवाला चकित बाड़े. अपना कमे उमिर में सुपर स्टार के रुतबा पा के देखा दिहलन कि आदमी अगर लगन आ जज्बा का साथ मेहनत रत जाव त एक ना एक दिन ऊ सफलता के मंजिल पर चहुँपिये जाई. एहिजा पेश बातचीत में पवन सिंह अपना जिनिगी के कुछ राज खोलले बाड़े. खुदे पढ़ लीं...

पवन जी का खुद रउरो बचपने से फिल्म देखे के शौक रहल बा ?

हमनी का गाँव में एके गो चैनल आवत रहुवे जवना पर कभिये कभार फिलिम देखावल जात रहे. हम तीन भाई आ एक बहिन हईं. पहिले सबका घर में टीवी ना रहत रहे. हमरा घरे रहे बाकिर बिजली ना रहत रहे. भईया लोग फिल्म देखे जइबो करे त हमार चाचा हमरा के ना जाये देस. बहुते अनुशासित कर के राखत रहले हमरा के. चाचा हमरा के कबो कवनो खेलो ना खेले देत रहलें. कहस कि तोरा पढ़े के बा बहुते आगा जाये के बा. आ आज हम जवन कुछ बानी उनके अनुशासन का बदौलत.

राउर प्रशंसक इहो जानल चहिहें कि खुद पवन सिंह कवना हीरो के प्रशंसक रहन ?

हमरा जबे मौका मिलत रहे सन्नी देओल के फिल्म देखत रहीं. सन्नी के एक्शन स्टाइल हमरा बहुते बढ़िया लागेला आ हमरो अपना फिल्मन में एक्शन करे में बहुते मजा मिलेला. ई जानतो कि एक्शन में खतरो होला. एक बेर त हमहूं सईंया का साथ मड़ईया में फिल्म का एगो एक्शन सीन में जरत जरत बाचल रहनी. शुक्र बा हमरा माई बाबू के, भगवान के आ अपना प्रशंसकन के, जिनका दुआ से हम मौत का मुँह से निकल आइल रहीं.

स्टेज पर पहिला बेर गावे के मौका कब मिलल रहे ?

पढ़े जात रहीं त अक्सर गुनगुनात रहत रहीं. पांच दस पैसा के हाराबाजी लागे कि के बेहतर गावेला त हम हर बेर जीत जात रहीं. गाना पढ़े ना आवत रहे बाकिर सुन के याद कर लेत रहीं. चाचा के केहू बता दिहले रहे कि हम गाना बहुते बढ़िया गावेनी. से जब हम नौवे बरिस के रहीं त पलामू के एस पी के विदाई समारोह में हमार गाना के कार्यक्रम राख दिहल गइल. गाना अतना बढ़िया लागल कि आर्केस्ट्रा के प्रोग्राम ना होखे दिहल लोग आ भर रात हमही गावत रह गइनी आ लोग ताली बजावत रह गइल. कुछ दिन बाद मालूम भइल कि पवन सिंह के अलबम निकलल बा. सबे हैरान रह गइल आ हमहूं. पता कइला पर मालूम भइल कि केहू ओह रात के सगरी गाना रिकार्ड कर लिहले रहे आ ओकरे के ओढ़निया वाली का नाम से रिलीज कर दिहल. अलबम हिट हो गइल त एगो बड़हन म्यूजिक कंपनी के आदमी बिहार का आरा जिला के ओह गाँव के खोजत खोजत हमरा घरे चहुँपल जहाँ पवन सिंह के घर रहे. पूरा गाँव चकित रहे कि अतना बड़का संगित कंपनी के आदमी हमरा के खोजत आइल रहे.

राउर आपनो कहानी कवनो फिल्म से कम नइखे. जीवन का एह मोड़ पर चहुँप के कइसन लागत बा ?

हमरा बहुते अच्छा लागेला. अपना गाँव पर गर्व करीलें फेर अपना चाहे वालन के शुक्रिया अदा करीलें कि ऊ लोग हमरा के शोहरत के एह ऊँचाई पर चहुँपा दिहल.

राउर आवे वाली फिल्म कवन बाड़ी सँ ?

हमार आवेवाली फिलिमन में सईंया का साथ मड़ईया में, कुरुक्षेत्र, देवरा बड़ा सतावे ला, प्यार बिना चैन कहाँ रे, हमरा माटी में दम बा, आ चोर जी नमस्ते वगैरह शामिल बाड़ी सँ. एकरा अलावे बहुते फिलिम का शूटिंगो में व्यस्त बानी. हर फिल्म में हम अलग अलग रुप में दिखाई देब आ बेहतर मनोरंजन देब अपना प्रशंसकन के.


स्रोत : खालिद