मोरा बलमा छैल छबीला

Pankaj Kesri and Rani Chatterjee राम मिश्रा क्रिएशन्स का बैनर में बनत भोजपुरी फिल्म मोरा बलमा छैल छबीला के शूटिंग पिछला दिने मुंबई आ राजपिपला के लोकेशन्स पर पूरा कर लिहल गइल आ एब ओकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम जोर शोर से लागल बा.

राम मिश्रा आ अनिल तिवारी के बनावल फिल्म मोरा बलमा छैल छबीला में तीन गो नायक बाड़े, सुपर स्टार विनय आर आनन्द, सुपर स्टार पंकज केसरी आ नया चेहरा संजय सिंह. एह लोग का साथे नायिका का किरदार में स्टार अदाकारा रानी चटर्जी, गुंजन पंत, आ दिव्या द्विवेदी बाड़ी लोग. एह लोग का अलावे हॉट गर्ल मोनालिसो के हसीन आ मोहक अदा देखे के मिली एह फिल्म में. साथ में बाड़े जयदेव सिंह, दिव्यांश नन्हे, आ उर्मिला शर्मा. निर्देशन मुकेश के देव के जोड़ी के बा जे एकरा पहिले जाड़े में बलमा प्यारा लगे जइसन सुपरहिट फिल्म बना चुकल बाड़े. गाना प्यारे लाल यादव, संतोष सिंह, आ फणिन्द्र राव के बा. संगीत के सुर अमन श्लोक के ह. एह संपूर्ण मनोरंजन वाली फिल्म में कॉमेडी, रोमांस, एक्शन, आ इमोशन के बेजोड़ संगम देखे के मिली. कहानी मनोज कुशवाहा के , छायांकन प्रेम निगू के, एक्शन शकील शेख के, नृत्य निर्देशन रिक्की गुप्ता के आ संपादन जीतेन्द्र सिंह जीतू के बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त