शुभम तिवारी के हंगामा

Shubham with Ravi Kishan आजुकाल्हु शुभम तिवारी के फिल्म कानून हमरा मुट्ठी में मुंबई में हगामा मचवले बिया. हाल ई बा कि जइसहीं परदा पर शुभम के इंट्री होखत बा पूरा हॉल ताली का गड़गड़ाहट से गूंज उठत बा. एकरा प्रीमियर पर जब शुभम तिवारी आइल रहलें त लोग खुशी में उनका के अपना कान्ह पर उठा लिहले रहे. शुभमो खुशी का मारे गदगद हो गइल रहन आ उनकर आँख खुशी से छलक उठल रहे.

झारखण्ड के एह पहिलका स्टार के लोकप्रियता के आलम ई बा कि पटना में जब अपना फिल्म के प्रोमोशन खातिर गइलन त ओहिजो लोग उनका के उठा लिहल. आज भोजपुरी के हर बड़का बैनर हर बड़का निर्देशक शुभम तिवारी के अपना फिलिम खातिर धड़ाधड़ साइन कर रहल बा. एही चलते पिछला दिने शुभम के तीन गो फिलिम के मुहुर्त एके दिन भइल रहे. आज ऊ आनन्द गहतराज आ असलम शेख जइसन निर्देशकन का कई गो फिलिम में काम कर रहल बाड़े आ ढेरे निर्देशक उनका के अपना फिल्म खातिर साइन करे के बेताब बाड़े.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा