देवरा बड़ा सतावेला एही महीना

3 stars of Devra Bada Satawelaa अपना सुपरहिट गाना का चलते अबहिये से सबका जुबान पर चढ़ल बसल मानस मूवीज इन्टरनेशन के मल्टीस्टारर भोजपुरी फिल्म देवरा बड़ा सतावेला प्रदर्शन खातिर तइयार बा आ एही मार्च महीना में रिलीज होखे जा रहल बा.

भोजपुरी फिल्मन के दू गो सुपर स्टार, रविकिशन आ पवन सिंह के शानदार जोड़ी से सजल एह फिल्म के दर्शक बेसब्री से इन्तजार करत बाड़े. बिहार के वितरक रहल दिलीप जायसवाल के बनावल एह फिलिम में पारिवारिक रोमांटिक एक्शन में तीन भाईयन के कहानी देखावल गइल बा. एक भाई रविकिशन के जोड़ी रानी चटर्जी का साथे, दुसरका भाई पवन सिंह के जोड़ी हॉट आ हिट अदाकारा मोनालिसा का साथे, आ तीसरका भाई नया चेहरा प्रदीप पाण्डे के जोड़ी नया अभिनेत्री नेहा महमूद का साथे बनावल गइल बा. मनोरंजन का साथ साथ एक्शन के बेजोड़ तड़का से सजल एह मसाला फिल्म के गाना लिखले बाड़े विनय बिहारी, पप्पू ओझा, आ श्याम देहाती. संगीत दिहले बाड़े मधुकर आनन्द. कहानी संतोष मिश्रा के ह जे एकरा पहिले निरहुआ रिक्सावाला आ दिवाना जईसन भव्य फिल्म दे चुकल बाड़े.

बड़हन पैमाना पर बनल एह फिलिम में रविकिशन, पवन सिंह, रानी चटर्जी, मोनालिसा, प्रदीप पान्डे, नेहा महमूद, बृजेश त्रिपाठी, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डे, विजय खरे, अनूप अरोड़ा, पुष्पा बर्मा, के के गोस्वामी, आनन्द मोहन, आ दिव्या द्विवेदी मुख्य बाड़े.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त