पवन मोनालिसा के हॉट अवतार

Monalisa and Pawan Singh सुपर स्टार पवन सिंह आ खूबसूरत अदाकारा मोनालिसा के जोड़ी सिनेमा का परदा पर पहिलका बेर आ रहल बा आ उहो एगो एकदमे नया अन्दाज में. दिलीप जायसवाल के भोजपुरी फिल्म देवरा बड़ा सतावेला में ई जोड़ी मरद मेहरारू बनल बा आ एह जोड़ी पर एक से एक गरमागरम सीन देखे के मिली दर्शकन के. खास कर के एगो नहात घरी वाला सीन त गजबे गरम सीन बा जवन सबका के रोमांचित करा दी.

भोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्देशक राजकुमार आर पाण्डे का निर्देशन में बनल एह मसाला फिल्म के गाना लिखले बाड़े विनय बिहारी, पप्पू ओझा, आ श्याम देहाती. संगीत दिहले बाड़े मधुकर आनन्द. कहानी संतोष मिश्रा के ह जे एकरा पहिले निरहुआ रिक्सावाला आ दिवाना जईसन भव्य फिल्म दे चुकल बाड़े.

बड़हन पैमाना पर बनल एह फिलिम में रविकिशन, पवन सिंह, रानी चटर्जी, मोनालिसा, प्रदीप पान्डे, नेहा महमूद, बृजेश त्रिपाठी, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डे, विजय खरे, अनूप अरोड़ा, पुष्पा बर्मा, के के गोस्वामी, आनन्द मोहन, आ दिव्या द्विवेदी मुख्य बाड़े.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त