भईया के ससुरारी में

Vijay lal Yadav with Rani Chatterjee in Bhaiya Ke Sasurari Mein भोजपुरी सिने स्क्रीन पर मुन्ना बजरंगी जइसन एक्शन भरल फिल्म बना के छा जाये वाली निर्मात्री रीना एस पासी के अगिलका फिल्म के नाम धराइल बा भईया के ससुरारी में जवना के भोजपुरी के उच्च कोटि के निर्देशक राजकुमार आर पांडे निर्देशित कइले बाड़न.

एह फिल्म में बिरहा सम्राट विजय लाल यादव पहिला बेर एगो नया लुक में लउकीहन. मुन्ना बजरंगी भोजपुरी के पहिलका एक्शन भरल फिल्म रहे आ ओकर सफलता रीना एस पासी के त सफलता के बुलन्दी छुवइबे कइलस, भोजपुरी सिनेमा में एक्शन फिल्मन के दौरो शुरु करा दिहलस. बतावल जात बा कि भईया के ससुरारी में फिल्म में एक्शन का साथ साथ रोमांच बा, ड्रामा बा, इमोशन बा, आ सबसे बढ़के ई बात कि फिल्म पूरा तरह से पारिवारिक बा. उद्योग के पंडितन के कहनाम बा कि ई फिल्म भोजपुरी में एक बेर फेर से नदिया के पार वाला दौर के वापसी कराई.

एह फिल्म में अपना किरदार से बिरहा सम्राट विजयोलाल यादव गजबे खुश बाड़न. कहलन कि दिल से बनावल ई फिल्म हर भोजपुरिया के दिल छू ली. निखिल इंटरटेनमेंट का बैनर में बनल एह फिल्म में विजय लाल यादव का साथ साथ डायनामिक एक्टर सुशीलो सिंह लोग के दिल जीत लीहें. साथ में शामिल कलाकारन में चर्चित अदाकारा रानी चटर्जी, पूनम सागर, प्रकाश जैस, ऋतिका शर्मा, मीरा मूर्ति, सोनिया मिश्रा, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, अनिल यादव, एयाज खान, आ मोहन जोशी बाड़े.

भईया के ससुरारी में के सहनिर्माता मोतीचंद पासी, गीतकार प्यारे लाल कवि, आ संगीतकार राजेश रजनीश बाड़े. रीना एस पासी के कहल बा कि वास्तविक लोकेशन पर शूट भइल एह फिल्म के गीत संगीत लोग के झूमे पर मजबूर कर दी.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा